भीषण गर्मी के बीच उत्तरप्रदेश के कई जिला में आज बरखा से मिलल राहत : हफ्ता भर बारिश होखे के संभावना

Share

सूत्रन से मिलल जानकारी के अनुसार उत्तर प्रदेश में आज से छव दिन ले बरखा होखे के संभावना

——————————————-

लोगन के मिली झुलसा देवे वाली तपत गर्मी से राहत*

पूर्वी यूपी के 12 जिला में आज से शुरू होई बारिश

1- लखीमपुर खीरी

2- बहराइच

3- श्रावस्ती

4- बलरामपुर

5- सिद्धार्थनगर

6- बस्ती

7- महाराजगंज

8- संतकबीर नगर

9- गोरखपुर

10- कुशीनगर

11- देवरिया

12- बलिया

मौसम विभाग एह जिला सब में 7 से 9 मई ले निमन बारिश होखे के संभावना जारी कइले बिया।

रउवा के बता दी की गोरखपुर में आज भोरे से बदरा छाइल रहे आ हल्का बारिश के फुहार के आनंद भी शहरवासी खूब उठावले।

भीषण तपत गर्मी में बुनी राहत जस आइल बिया।

बहरहाल अब ई देखे के बा की का मौसम विभाग के ई अनुमान केतना सही होता। केतना जगह का केतना दिन इंद्र देव आपन कृपा यूपी वासियन प बरसावत बाड़े ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-