डोनाल्ड ट्रंप के ट्विटर अकाउंट 22 महीना बाद बहाल, जानीं कवना वजह से कइल गइल रहे सस्पेंड

Share

अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप (Donald Trump) के ट्विटर अकाउंट बहाल हो गइल बा। एलन मस्क (Elon Musk) ट्रंप के खाता बहाल करे के घोषणा कइलें। एकरा पहिले पहिले, ऊ ट्विटर पs एगो पोल डलले रहस कि ट्रंप के अकाउंट बहाल करे के चाहीं कि ना। एह पोल में अधिकांश लोग ‘हां’ प क्लिक कइल।

हिंसा भड़कवला प ट्रंप के ट्विटर अकाउंट के कइल गइल रहे सस्पेंड

ट्विटर के मालिक एलन मस्क कहले रहस कि अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ट्विटर अकाउंट जल्दिये बहाल कs दिहल जाई। एकरा पहिले, ऊ मई में कहले रहस कि ऊ ट्रंप के ट्विटर अकाउंट प लागल बैन के हटा सकत बाड़ें। पिछला साल अमेरिकी संसद पs भइल हमला के बाद ट्रंप के ट्विटर अकाउंट के सस्पेंड कs दिहल गइल रहे।

135 मिलियन से बेसी लोग देखल पोल

एलन मस्क 19 नवंबर के एगो पोल डलले रहे, जेमे यूजर्स से पूछल गइल रहे कि ट्रंप के अकाउंट बहाल करे के चाहीं कि ना। एह पs 51.8 फीसद यूजर्स अकाउंट बहाल करे के पक्ष में वोट दिहल, जबकि 48.2 फीसद यूजर्स अकाउंट बहाल ना करे के पक्ष में मतदान कइल। एह पोल में कुल 1,50,85,458 लोग ने हिस्सा लिहल। ओहिजा, 135 मिलियन से बेसी लोग पोल के देखल।

‘हमरा के ट्रंप के अकाउंट प लगावल गइल प्रतिबंध सही ना लागेला’

मस्क ट्विटर किने से पहिले ट्रंप समेत कइयन अकाउंट पs लगावल गइल प्रतिबंधन के ऊ मूर्खतापूर्ण रवैया बतवले रहस। ऊ कहले रहस, ‘स्थायी प्रतिबंध बहुते कम लागे के चाहीं। ई स्पैम भा स्कैम जइसन अकाउंट पs लगावल जाये के चाहीं। हमरा ट्रंप के अकाउंट पs लगावल गइल प्रतिबंध सही ना लागेला।’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-