[the_ad_group id="30365"]

सूअर के लिवर से इंसानन के मिली नया जिंदगी? FDA दिहलस क्लिनिकल टेस्ट के मंजूरी

सूअर के लिवर से इंसानन के मिली नया जिंदगी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिकी शोधकर्ता जल्दिए परीक्षण करीहें कि का आनुवंशिक रूप से संशोधित सुअर के लिवर के इस्तेमाल ओह लोग के इलाज में कइल जा सकेला जिनकर लिवर अचानक काम कइल बंद कर देला. अंग प्रत्यारोपण के क्षेत्र में शोध करे वाली कंपनी ईजेनेसिस के मुताबिक, अपना तरह के पहिला क्लिनिकल ट्रायल के (अमेरिका) फूड एंड ड्रग एडमिनिस्ट्रेशन (एफडीए) के मंजूरी मिल गईल बा। एफडीए के ई मंजूरी ओह घरी दिहल गइल बा जब हालही में चीन डाक्टर एगो ब्रेन डेड मरीज में सुअर के लिवर के सफलतापूर्वक प्रत्यारोपित कs दिहले रहले.

आंकड़ा का कहत बा

एगो अनुमान के मुताबिक, अमेरिका में हर साल अचानक लिवर फेल होखे के चलते 35,000 लोग अस्पताल में भर्ती होखेले। बहुत सीमित इलाज के विकल्प के संगे मउत के दर 50 प्रतिशत तक पहुंच जाला। बहुत लोग के समय रहते प्रत्यारोपण खातिर अपना शरीर के अनुकूल लिवर ना मिल पावेला। बाकिर अब अगर सबकुछ ठीक हो गईल तs हालात बदल जाई। 

एही तरे क्लिनिकल टेस्ट कईल जाई

शोधकर्ता क्लिनिकल टेस्ट के दौरान सुअर के लिवर के प्रत्यारोपण ना करीहे। एह परीक्षण में भाग लेबे वाला लोग के शरीर से एकरा के बाहरी रूप से जोड़ल जाई. मैसाचुसेट्स स्थित ईजेनेसिस के मुख्य कार्यकारी अधिकारी माइक कर्टिस बतवले कि चार गो लाश के शामिल प्रयोग से पता चलल बा कि सुअर के लिवर दु-तीन दिन तक मानव लिवर के कामकाज के समर्थन कs सकता। ईजेनेसिस सुअर के आनुवंशिक रूप से संशोधित करेला। 20 मरीज के क्लिनिकल टेस्ट में शामिल कईल जाई।

इहो पढ़ीं: लखनऊ के लोकबंधु अस्पताल में लागल भयंकर आग, 200 मरीजन के बचावल गइल, एक के मउत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]