Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

1 इंच के चूक… ना तs चल जाइत ट्रंप के जान, रैली में अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति पs ताबड़तोड़ गोलीबारी; छलनी भइल कान

290
Google Ads 300*250 for posts

Donald Trump Rally Firing: 13 जुलाई के दिन पेनसिल्वेनिया के बटलर में डोनाल्ड ट्रंप आपन चुनावी रैली करत रहस। अचानक से एगो गोली के आवाज आइल आ उ ट्रंप के कान के छूवत निकल गइल। एह बीच ट्रंप समझ गइल रहस कि उनका संगे अचानक का भइल बा। ऊ अपना कान के छूवले आ उनकर हाथ पूरा लहूलुहान हो गइल।

जांचकर्ता लोगन के कहनाम बा कि अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति आ संभावित रिपब्लिकन राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार के हत्या के कोसिस कइल गइल रहे। ई चउकावे वाली घटना अइसन समय पs भइल जब अमेरिका में एह साल के अंत में राष्ट्रपति चुनाव होखे वाला बा।

का भइल: रैली के दौरान ट्रंप सीमा पार करे वालन के संख्या के चार्ट देखावत रहलें, तबे एगो गोली के आवाज सुनाई देलस। ट्रंप बाद में सोशल मीडिया पs कहलें कि एगो गोली हमरा दहिना कान के ऊपरी हिस्सा में लागल।


शूटर के बारे में हमनी के का जानत बानी सs: दुगो अधिकारी समाचार एजेंसी AP के बतावल लो कि शूटर रैली में सामिल ना रहे आ ओकरा के यूएस सीक्रेट सर्विस एजेंट मार गिरावल लो। एपी के एगो सूत्र के हवाले से पता चलल बा कि कानून प्रवर्तन घटनास्थल पs एगो एआर-स्टाइल राइफल बरामद कइलस।

बाइडन के प्रतिक्रिया: एगो टेलीविजन संबोधन में, राष्ट्रपति बाइडन कहलें कि ‘हम हमला ले निंदा करत बानी।’ व्हाइट हाउस इहो कहलस कि बाइडन ट्रंप से फोन पs बातो कइलें।

हमला के वीडियो आइल सामने

ट्रंप पs भइल जानलेवा हमला के वीडियो सामने आइल बा, जेमे एगो रैली के दौरान अचानक गोलीबारी होखे लागत बा। वीडियो में साफ देखल जा सकत बा कि कइसे ट्रंप एह हमला में बाल-बाल बचल बाड़ें। गोली उनका दहिना कान के छूवत निकल गइल। जदि ई गोली दु सेंटीमीटर आउर अंदर के तरफ होइत तs ट्रंप के जानो जा सकत रहे।

‘ओह, फेर पकड़ लेले आपन कान’

वीडियो में साफ सुनाई दे रहल बा कि ट्रंप रैली के दौरान आपन भाषण देत रहस। ओहि बीच एगो शख्स ताबड़तोड़ गोली चलावे लागत बा। एह बीच ट्रंप कहलें- ओह आ आपन कान पकड़ लेलें। ऊ तुंरत नीचे झुक गइलें, बाकिर गोली चलत रहल। हमला के बाद ट्रंप कहलें कि ‘उनका अइसन लागल रहे कि गोली उनका कान के आर-पार हो गइल बा।’

हमले के तुंरत बाद ट्रंप देखवलें गर्मजोशी

हमला के तुरंत बाद उनका सुरक्षा खातिर पूरा काफिला पहुंच गइल आ ट्रंप के पूरा तरे से घेर लिहल गइल। एह बीच ट्रंप मंच पs फेर से खड़ा होत बाड़ें आ अपना जीत के मुट्टी बांधत भीड़ के ओर गर्मजोशी से नारा लगवलें। एह बीच उनकर आधा चेहरा खून से लाल-लाल हो गइल।

साभार: दैनिक जागरण

894240cookie-check1 इंच के चूक… ना तs चल जाइत ट्रंप के जान, रैली में अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति पs ताबड़तोड़ गोलीबारी; छलनी भइल कान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.