Ambedkar Park: अंबेडकर पार्क से चोरी भइल हाथी के मूर्ति, दु साल पहिलहु अइसन होखला पs सुरू भइल रहे गिनती

Share

गौतमपल्ली इलाका में इस्थित अंबेडकर पार्क से हाथी के मूर्ति चोरी हो गइल। सुरक्षा व्यवस्था में तैनात नियाज अहमद स्थानीय थाना में केस दर्ज करवले बाड़ें। पुलिस जांच कर रहल बिया। प्रभारी निरीक्षक गौतमपल्ली एसएस भदौरिया के मोताबिक, जवना जगे से हाथी के मूर्ति चोरी भइल बा। ओह मूर्ति के वजन लगभग दु से तीन किलो होई। जबकि उहां पs सुरक्षाकर्मियन के अलावे कवनो आदमी नइखे जा सकत।

अइसन में चोरी के बाद से उहां पs तैनात कर्मचारियन से लेके सब तथ्यन पs जांच कइल जा रहल बा। दु साल पहिलहु एही तरे के चोरी भइल रहे, तब हाथियन के गिनती सुरू हो गइल रहे। ओकरा बाद इस्थिति फेर ओइसने हो गइल रहे। आरोपियन के तलाश कइल जा रहल बा। एकरा खातिर सीसीटीवी कैमरन के फुटेज खंगालल जा रहल बा।

हाईटेक सुरक्षा के बादो कइसे भइल चोरी

1090 चौराहा इस्थित अंबेडकर पार्क के एह फव्वारा में हाथियन के छोट-बड़ कइयन गो मूर्ति लागल बा। चौराहा पs हाईटेक सुरक्षा व्यवस्था बा। हर तरफ सीसीटीवी कैमरन के निगरानी बा। ओहिजा पार्क के सुरक्षा खातिर दर्जन भर सुरक्षाकर्मी लगातार मुस्तैद रहेला लो। ओहिजा पार्क में घुसे आला दुआरियो पs सीसीटीवी कैमरा लागल बा। रोज दुनों बेरा हाथियन के मूर्ति के गिनती कइल जाला। जवना के रिकॉर्ड उच्चाधिकारियन के उपलब्ध करावल जाला। अइसन में चोरी होखल अपने आप में बड़ सवाल बा।

साभार: अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-