Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Alexa: एलेक्सा इस्तेमाल करे खातिर देवे के होई पईसा, अमेजन के बा लमहर प्लानिंग

425

वर्चुअल असिस्टेंट Alexa के बारे में रउआ जानते होखेम। एगो दौर रहे जब बात-बात पs Alexa के बात होत रहे, बाकिर अब ई क्रेज बहुत हद तक कम हो गइल बा। Alexa, अमेजन के एगो वर्चुअल असिस्टेंट हs जवन वॉयस कमांड के माध्यम से लोगन के सवालन के जवाब देला।

एलेक्सा सपोर्ट वाला कइयन गो स्पीकर बाजार में बा। जवना में अमेजन के स्पीकर सामिल बा। अइसन स्पीकर के स्मार्ट स्पीकर नाम दिहल गइल बा। आमतौर पs Alexa के इस्तेमाल करे खातिर पईसा ना देवे के होला, बाकिर कंपनी अब एकरा खातिर पईसा लेवे के प्लानिंग कs रहल बिया।

एगो रिपोर्ट के मोताबिक अमेजन Alexa के इस्तेमाल करे खातिर रउआ हर महीना 10 डॉलर माने करीब 820 रुपिया देवे के होई। दरअसल, अमेजन अपना क्लासिक एलेक्सा (मवजूदा वर्जन) के खत्म करे के तइयारी में बा। कंपनी के प्लानिंग क्लासिक एलेक्सा के जगह एआई सपोर्ट वाला Alexa के लॉन्च करे के बा।

नया वर्जन के रिमार्केबल एलेक्सा कहल जा रहल बा। रिपोर्ट में इहो कहल जा रहल बा कि एलेक्सा के पेड वर्जन के अमेजन प्राइम में सामिल करे के फिलहाल कवनो योजना नइखे। एह नया प्रोजेक्ट के कंपनी प्रोजेक्ट Banyan नाम दिहल गइल बा। नया वर्जन के लॉन्च करे खातिर अगस्त महीना तक के लक्ष्य निर्धारित कइल गइल बा।

869790cookie-checkAlexa: एलेक्सा इस्तेमाल करे खातिर देवे के होई पईसा, अमेजन के बा लमहर प्लानिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.