Google के नया Mobile App ऐप भारत में लॉन्च, बदल जाइ ऑनलाइन सर्च के अंदाज

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2024

Google Gemini AI App: गूगल जेमिनी ऐप के भारत में फाइनली लंबा इंतजार के बाद लॉन्च कर दिहल गइल बा। ई एगो एआई ऐप हऽ, जवन सर्चिंग के अंदाज के पूरा तरे से बदल के

Share

Google Gemini AI App: गूगल जेमिनी ऐप के भारत में फाइनली लंबा इंतजार के बाद लॉन्च कर दिहल गइल बा। ई एगो एआई ऐप हऽ, जवन सर्चिंग के अंदाज के पूरा तरे से बदल के राख सकऽता। एकरा के एंड्रॉइड आ iOS यूजर खातिर उपलब्ध करावल जाई।

गूगल के ओर से नया मोबाइल ऐप Gemini AI भारत में लॉन्च कऽ दिहल गइल बा। ई ऐप 9 भारतीय लैंग्वेज के सपोर्ट करी। माने यूजर्स देश के पॉपुलर लैंग्वेज जइसे हिंदी, बंगाली, गुजराती, कन्नड़, मलयालम, मराठी, तमिल, तेलुगु आ उर्दू में ऑनलाइन सर्च कर पइहें।

फाइनली भारत में लॉन्च भइल जेमिनी एआई ऐप

गूगल अपना बार्ड एआई चैटबॉट के फरवरी में री-ब्रांड कइले रहे। एकरा के Google Gemini के नांव से एगो अलग ऐप लॉन्च कइले रहे। हालांकि भारतीय यूजर्स के एह मोबाइल ऐप खातिर इंतजार करे के पड़ल रहल बा, जवना के करीब 4 माह के बाद एगो स्टैंडअलोन ऐप के तौर पs लॉन्च कऽ दिहल गइल बा। एकरा से चैटबाट के पहिले ज्यादा सुविधाजनक बनावल जा सकऽता।

सुंदर पिचाई कइले ऐलान

गूगल आ अल्फाबेट सीईओ सुंदर पिचाई भारत में जेमिनी ऐप के लॉन्च के ऐलान सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स से कइले बाड़न। उऽ खुशी व्यक्त करत घरी लिखले कि आज हमनीं भारत में जेमिनी मोबाइल ऐप लॉन्च कर रहल बानी, जवन 9 भारतीय भाषा में मौजूद बा। पिचाई कहलें कि जेमिनी के साथे नया लोकल लैंग्वेज के ऐड कइल जाई। साथही कई एडवांस्ड फीचर के पेश कइल जाई। साथही गूगल मैसेजिंग में जेमिनी ऐप के सपोर्ट दिहल जाई।

के कर पाई इस्तेमाल

एह ऐप के एंड्रॉइड स्मार्टफोन यूजर खातिर उपलब्ध करावल गइल बा। आईफोन यूजर गूगल ऐप में जेमिनी अपडेट के हासिल कऽ पइहें। जेमिनी ऐप के मैसेजिंग ऐप आ गूगल मैसेज ऑन वेब के साथे इंटीग्रेट कइल जाई।

का होई फायदा

गूगल जेमिनी ऐप ऑनलाइन सर्चिंग के काम के आसान बना दिही। साथही कई गो एडवांस्ड फीचर दिहल गइल बा, जवना से ऑटोमेटिक मोड में कमांड देले सर्च कइल जा सकी। एमें वॉइस सर्च के फीचर दिहल जाई। एमें डॉक्यूमेंट अपलोड आ डेटा एनालिसिस जइसन फीचर्स दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.