Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारतीय खिलाड़ियन के कमाल, प्रज्ञानानंदा अउर नंधिधा जितलें खिताब

421

एशियन चेस चैंपियनशिप में भारतीय खिलाड़ी सब शानदार प्रदर्शन कइलें। पुरुष वर्ग में भारतीय ग्रैंडमास्टर आर प्रज्ञानानंदा खिताब जीतलें। उहवें, महिला वर्ग में भारत के ही पीवी नंधिधा चैंपियन बनली। प्रज्ञानानंदा के एह टूर्नामेंट में टॉप सीड देहल गइल बा अउर उनकर जीत पहिलही तय मानल जात रहे, लेकिन नंधिधा के जीत देश खातिर नयका उम्मीद जगावे वाला बा।

नौवां अउर अंतिम दौर में भारत के ही बी अधिबान के संगे प्रज्ञानानंदा के मैच 63 चाल के बाद ड्रॉ रहल अउर प्रज्ञानानंदा सात अंक के साथ शीर्ष रहल। 17 साल के प्रज्ञानानंदा अंतिम दौर से पहिलही दूसर खिलाड़ियन पर आधे अंक के बढ़त बना रखले रहनें। ऊ अंतिम दौर में अनुभवी अधिबान से ड्रॉ खेलकर खिताब आपन नाम कइलें। एह जीत के साथ प्रज्ञानानंदा अगिले फिडे विश्व कप मे भी जगह बना लिहले बानें।

अंतिम दौर में एसएल नारायणन, हर्ष भारतकोटि, कार्तिक वेंकटरमन अउर एस वोखिदोव के लग्गे खिताब जीतले के मौका रहल, लेकिन सब खिलाड़ियन के आखिरी मैच ड्रॉ रहल अउर ई चारों खिलाड़ी खिताब जीतले के मौका से चूक गइलें। नारायणन वोखिदोव के साथ ड्रॉ खेललें, उहवें, हर्ष अउर वेंकटरमन के मैच भी ड्रॉ रहल।

ग्रैंडमास्टर एसपी सेतुरमन 41 चाल में अंतरराष्ट्रीय मास्टर कोस्तव चटर्जी के हरा के 6.5 अंक हासिल कइलें। उनके अलावा टूर्नामेंट में पांच अन्य खिलाड़ी भी 6.5 अंक हासिल कइलें। हर्ष बेहतर टाईब्रेक स्कोर के कारण दूसरा स्थान हासिल कइलें, जबकि अधिबान तीसरे स्थान पर रहलें। नारायणन चौथा, वोखिदोव पांचवां, सेतुरमन छठा अउर वेंकटरमन सातवां स्थान हासिल कइलें।

महिला वर्ग में महिला ग्रैंडमास्टर नंधिधा नौवाँ दौर में दिव्या देशमुख से ड्रॉ खेल के 7.5 अंक के संगे खिताब अपने नाम कइलें। तमिलनाडु के ई खिलाड़ी नौ दौर में अजेय रहल अउर एह दौरान छह बाजी जितलें।

महिलाओं में प्रियंका नुटक्की, दिव्या अउर वियतनाम केहर किम फुंग 6.5 अंक हासिल कइलें। प्रियंका बेहतर टाईब्रेक स्कोर के आधार पर दूसरा स्थान हासिल कइलें, जबकि दिव्या तीसरे स्थान पर रहली, किम चौथा पायदान पर रहली।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.