अमरनाथ यात्रा: नाहीं हो पाई बाबा बर्फानी के दर्शन, समय से पहिले पिघलल शिवलिंग, आज खातीर यात्रा स्थगित

Share

 

अमरनाथ यात्रा पs जा रहल भक्तन से जुड़ल बड़का खबर सामने आइल बा. अमरनाथ गुफा में बढ़त गरमी के चलते शिवलिंग समय से पहिले पिघल गईल बा। अइसना में भक्तन के बाबा बर्फानी के दर्शन ना हो पाई. खराब मौसम के चलते आजु अमरनाथ यात्रा बालटाल आ पहलगाम दुनु रूट से टार दिहल गइल बा. मौसम सुधरते फेर से सफर शुरू कs दिहल जाई.

एह साल केतना श्रद्धालु लोग आइल

एह साल अबले डेढ़ लाख से अधिका श्रद्धालु बाबा बर्फानी के दर्शन कs चुकल बाड़े. इs यात्रा 19 अगस्त ले जारी रही।  यात्रा के पहिला सप्ताह में रिकार्ड 1.51 लाख तीर्थयात्री के दौरा भईल, बाकिर पवित्र गुफा में बर्फ के शिवलिंग पूरा तरीका से पिघल गईला के चलते अमरनाथ के नयका तीर्थयात्री निराश हो गईले।

शिवलिंग के पिघलला पs अधिकारी का कहले?

अधिकारी लोग के कहनाम बा कि पछिला एक सप्ताह के दौरान बहुत जादा तापमान के चलते पिघले के प्रक्रिया में तेजी आईल बा। साल 2008 के बाद इs पहिला मौका बा जब यात्रा के पहिला 10 दिन के भीतर बर्फ के शिवलिंग पूरा तरीका से गायब हो गईल बा। एह साल ई यात्रा 52 दिन के बा आ 29 जून से शुरू होके 19 अगस्त के खतम होखी.

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-