अब रामलला के साथे सेल्फी ले सकिहें श्रद्धालु, ट्रस्ट सुरू कइलस नया सुविधा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 6, 2024

  भगवान राम के अयोध्या में बईठला के लगभग 6 महीना बीत गईल। रामलला के आरोहण के बाद अब ले 2 करोड़ से अधिक राम भक्त पूजन कs चुकल बाड़े। रामलला के दर्शन करावे खातिर

Share

 

भगवान राम के अयोध्या में बईठला के लगभग 6 महीना बीत गईल। रामलला के आरोहण के बाद अब ले 2 करोड़ से अधिक राम भक्त पूजन कs चुकल बाड़े। रामलला के दर्शन करावे खातिर रोज एक लाख से अधिका श्रद्धालु अयोध्या पहुंच रहल बाड़े। अयोध्या पहुंचे वाला तमाम श्रद्धालु के इच्छा बा कि उs लोग अपना मोबाइल में भगवान राम के संगे एगो तस्वीर कैप्चर करस। एकरा के ध्यान में राखत राम मंदिर ट्रस्ट दर्शन मार्ग पs बहुत जगह सेल्फी पॉइंट बनवले बा। जहां देश भर से आवत राम भक्त भगवान राम के संगे सेल्फी लेत देखाई देतारे। राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट राम जन्मभूमि पथ पs दुगो सेल्फी पॉइंट बनवले बा, जवना के गर्भगृह निहन सजावल गईल बा।

राम मंदिर में मोबाइल बैन

राम मंदिर में मोबाइल पd रोक लगला के बाद भक्तन खातिर ट्रस्ट के ओर से इs सुविधा शुरू कईल गईल बा। बता दीं कि भगवान राम के गद्दी पs बइठला के बाद राम भक्त नवनिर्मित मंदिर में कुछ दिन मोबाइल लेके चलत रहले, बाकिर धीरे-धीरे सुरक्षा के चलते मोबाइल पs रोक लगा दिहल गईल।

श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के कार्यालय प्रभारी प्रकाश गुप्ता बतवले कि रामलीला के परिसर में मोबाइल फोन पs रोक बा। मंदिर परिसर में फोटो आ सेल्फी लेत घरी भक्तन के समस्या के सामना करे के पड़त रहे। एकरा के देखत राम मंदिर ट्रस्ट मोबाइल फोन पs पूरा तरीका से रोक लगा देले रहे। बाकिर, अब राम जन्मभूमि पथ पs राम भक्त खातीर दु जगह सेल्फी पॉइंट बनावल गईल बा। कई गो अउरी जगहन पs भी सेल्फी प्वाइंट बनावे के तइयारी चल रहल बा।

भक्त लोग ट्रस्ट के धन्यवाद दिहल

बनारस से अयोध्या आईल भक्त प्रियंका बतवली कि रामलला के देखला के बाद उमंग महसूस भईल। सेल्फी प्वाइंट पs भगवान राम के साथ सेल्फी लेहनी, बहुत अच्छा लागल। राम मंदिर ट्रस्ट बहुत बढ़िया काम कs रहल बा। हर भक्त में अपना भगवान के संगे फोटो खिंचवावे के इच्छा होखेला। ट्रस्ट एह इच्छा के पूरा कइले बा, ट्रस्ट के बदौलत बा.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.