[the_ad_group id="30365"]

भारी बरखा चारधाम यात्रा पs लगवलस ब्रेक, गढ़वाल कमिश्नर जारी कइले निर्देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पिछला कई दिन से राज्य में भईल बरखा के चलते जीवन बाधित हो गईल बा। ओने चारधाम यात्रा पs जाए वाला भक्तन पs एकर असर भी देखल गइल बा। असल में भारी बरखा के अलर्ट के बाद प्रशासन चार धाम यात्रा पs रोक लगा देले बा। चारधाम यात्रा के संबंध में गढ़वाल आयुक्त निर्देश जारी कईले बाड़े। उs भक्त अवुरी बाकी यात्री के ऋषिकेश से ऊपर मत जाए के सलाह देले बाड़े। एकरा अलावे उs कहले बाड़े कि यात्री के जे जेने बा उ रुक जाए ​​आगे ना जाई।

मौसम विभाग अलर्ट जारी कइलस

बता दीं कि मौसम विभाग आज यानी 7 जुलाई खातिर भारी बरखा के अलर्ट जारी कइले बा। अयीसना में मौसम विभाग के ओर से जारी भारी बरखा के अलर्ट के देखत प्रशासन यात्री के सुरक्षा के ध्यान में राखत इs निर्देश जारी कईले बा। प्रशासन आज खातिर यात्रा ना करे के सलाह देले बा। मौसम विभाग कुंमाऊ मंडल में रेड अलर्ट आ गढ़वाल संभाग में बरखा के लेके ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा। बता दीं कि पिछला कुछ दिन से भइल बरखा के चलते राज्य के मदांकनी, पिंडर, अलकनंदा आ गंगा आ अउरी नदी के जलस्तर लगातार बढ़ रहल बा.

यात्री लोग के दिहल गईल सलाह

दरअसल हर साल लाखों भक्त चारधाम यात्रा पर जाला। देश के हर कोना से श्रद्धालु लोग हजारों किलोमीटर के सफर कs के इहाँ पहुंचे खातिर। उत्तराखंड में भईल भारी बरखा के चलते बहुत दुर्घटना देखाई देता। भारी बरखा के चलते भूस्खलन के चलते बहुत सड़क भी बंद हो गईल बा। एकरा संगे प्रशासन के ओर से जनता के लगातार निर्देश दिहल जाता। बरखा के चलते लोग के नदी आ नाली के लगे ना जाए के निर्देश दिहल जा रहल बा. एकरा अलावे बेवजह यात्रा ना करे के निर्देश भी दिहल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]