Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर सहित पूर्वांचल में वार्म नाइट-हीटवेव के अलर्ट जारी : हीट इंडेक्स 48 के पार गइला के संभावना, बंगाल-बिहार बॉर्डर पs रुकल मानसून

188
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर सहित समूचा उत्तर प्रदेश में गरमी के दौर लगातार जारी बा। IMD उत्तर प्रदेश में हीटवेव के अलर्ट जारी कइले बा। मंगर के गोरखपुर के अधिकतम तापमान 44 डिग्री पहुंच गइल। मौसम विभाग से मिलल जानकारी के मोताबिक आज बुध के पारा 44°C पार कs सकत बा। ओहिजा, हीट इंडेक्स 48 डिग्री के आस-पास पहुंच सकत बा।

उत्तर प्रदेश में 24 घंटे में लू से 90 लोगन के मौत भइल बा। बाकिर, प्रशासन एह बात के माने से इनकार कs रहल बा।प्रशासन के कहनाम बा कि पोस्टमॉर्टम रिपोर्ट के बादे एह बात के पुष्टि होई की मौत गरमी के वजह से भइल बा कि ना, बाकिर डॉक्टर लोग बतावल कि जादेतर मौत गरमी आ हीटवेव से भइल हीट स्ट्रोक से भइल बा।

आज के टेंप्रेचर

सबेरे 8 बजे- 33°C
दुपहरिया 2 बजे- 43°C
रात 8 बजे- 35°C
अधिकतम तापमान- 44°C

काल्ह के टेंप्रेचर

सबेरे 8 बजे- 33°C
दुपहरिया 2 बजे- 42°C
रात 8 बजे- 34°C
अधिकतम तापमान- 42°C

रात के तापमान में नइखे हो रहल गिरावट

लगातार कइयन दिनन से पड़ रहल झुलसावे वाली गरमी लोगन के जियल मुहाल कs देले बा। मंगर के दिन के संगे रातो के तापमान में कवनो गिरावट देखे के ना मिलल। लोगन के गरमी से बुरा हाल रहे। सबेरे से लेकर रात तक लोग गरमी के वजह से परेसान रहल। दुपहरिया में तेज घाम के कारण लोग जरूरी काम होखले पs बाहर निकल रहल बा।

सबेरही से तल्ख हो जा रहल बा सूरज के तेवर

मंगलर के सबेरही से सूरज आपन तेवर देखावल सुरू कs देलस। दिन चढ़ला के संगे सूरज के तपिश के संगे उमस आउर बढ़त गइल। एकरा वजह से सड़कन पs एकर असर नजर आइल। तेज घाम आ उमस भरल गरमी के वजह से लोग कमे बाहर निकलल।

दु दिन के हलुका बरखा के बाद फेर से गरमी 

ओहिजा, मौसम वैज्ञानिक डॉ. कैलाश पांडेय के कहनाम बा कि अगिला 3-4 दिन मौसम गरमी वाला होई। मानसून के यूपी में एंट्री के लेके कवनो भविष्यवाणी नइखे कइल जा सकत। काहेकी, मानसून अभियो पुरवा हवा के कमजोर होखे के चलते बंगाल आ बिहार कर सीमा से नइखे बढ़ रहल।

साभार: दैनिक भास्कर

867250cookie-checkगोरखपुर सहित पूर्वांचल में वार्म नाइट-हीटवेव के अलर्ट जारी : हीट इंडेक्स 48 के पार गइला के संभावना, बंगाल-बिहार बॉर्डर पs रुकल मानसून

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.