[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Rapti Overbridge: जुलाई तक शिलान्यास, 2026 में तइयार होई राप्ती पऽ नया पुल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राप्ती पs नया पुल निर्माण के शिलान्यास के तैयारी शुरु कऽ दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री के हाथन से सेतु निगम परियोजना प्रबंधक एके सिंह कहले कि शिलान्यास करावे के योजना बा। एकरा बाद डाउन स्ट्रीम के ऊपर गुजर रहल हाई टेंशन तार के हटवावल जाई। अगिला चरण में बारिश के मौसम समाप्त होखे पs पिलर के निर्माण के काम शुरू होई। दिसंबर 2026 तक नया पुल तइयार करे के पूरा उम्मीद बा।

वर्तमान पुल के दुनु ओर दु-दु गो लेन के दु नया पुल खातिर प्रदेश कैबिनेट से मंजूरी के बाद शासन के ओर से मार्च 2024 में प्रशासकीय आ वित्तीय स्वीकृतियो दीहल जा चुकल बा। पहिला किस्त के तौर पs 77.67 करोड़ रुपियो जारी कइल गइल बा।

राप्ती नदी पs राजघाट के लगे एक ओर (अपस्ट्रीम) के पुल के निर्माण पs 103.93 करोड़ रूपिया खर्च होई, जवना से 36.37 करोड़ रूपिया स्वीकृत कऽ दिहल गइल बा। एही तरे दूसरका ओर (डाउन स्ट्रीम) के पुल के निर्माण के लागत 117.99 करोड़ रूपिया आई। एकरा खातिर पहिलका किस्त के तौर पs 41.29 करोड़ रूपिया जारी कइल जा चुकल बा।

आठ लेन के हो जाई पुल, जाम से मिली निजात

पैडलेगंज से नौसढ़ तक सिक्स लेन मार्ग के निर्माण तकरीबन पूरा हो चुकल बा। टीपी नगर से इंदिरा नगर के लगे तक के सिक्स लेन ओवरब्रिज के निर्माण के काम तेजी से चल रहल बा। अइसे में खाली राप्ती पs पुल के अइसन हिस्सा बचत रहे जहां बाटल नेक के इस्थिति बनत रहे।

यानी दुनु ओर से छह लेन सड़क होखे के वजह से पुल के लगे चौड़ाई कम होत जा रहल बा। एकरा से जाम के समस्या उत्पन्न होत जा रहल बा जेकरा से आवे वालो समय में आउर बढ़े के आशंका रहे। बाकिर, अब दु- दु लेन के दु गो नया पुल बन गइला से पुल के कुल चौड़ाई आठ लेन के हो जाई। दो पुल आवे खातिर आ दु पुल जाए खातिर, जवना से जाम के समस्या से बड़ राहत मिले के उम्मीद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]