सपा संस्थापक अउर समाजवादी नेता मुलायम सिंह यादव के उनके पैतृक गांव सैफई में अंतिम संस्कार कर दिहल गइल। बुध के बिहाने अखिलेश यादव अपने पिता के अस्थियन के संचयन अउर पिंडदान कइलें।
आज पहली बार लगा…
बिन सूरज के उगा सवेरा. pic.twitter.com/XlboMo8G2V
— Akhilesh Yadav (@yadavakhilesh) October 12, 2022
ऊ कहलें कि पिता के गइले के दुख प्रकट कइलें। कहलें कि आजु पहिला बेर लागल… बिन सूरज के सवेरा उगा।

ऊ बुधवार सुबह पिता के चिता के दर्शन कइलें। एह दौरान ऊ बहुत गंभीर नजर आवत रहलें। उनके साथ उनके परिवार अउर गांव के लोग मौजूद रहलें।

मुलायम सिंह यादव के अंतिम दर्शन खातिर देश के सब बड़ राजनेता आइल रहनें। भाजपा, कांग्रेस अउर दक्षिण के राज्यन के मुख्यमंत्री अउर प्रमुख नेता अंतिम दर्शन खातिर पहुंचल रहनें।

उड़ीसा के सैंड आर्टिस्ट सुदर्शन पटनायक एह तरह सपा संरक्षक के श्रद्घांजलि देहलें।

मुलायम सिंह के अंतिम दर्शन खातिर जनसैलाब उमड़ पड़ल। जब तक सूरज चांद रहेगा… नेताजी का नाम रहेगा… अउर नेता जी अमर रहे के नारे उनके समर्थक लगावत रहलें।