जुलाई में होई फिल्मी क्लैश, अजय देवगन के ‘सन ऑफ सरदार 2’ रिलीज डेट से उठल पर्दा

Share

जुलाई महीना में दू गो ब्लॉकबस्टर फिलिमन के टक्कर होखे जा रहल बा. एक फिलिम में सुपरस्टार अजय देवगन मुख्य भूमिका में रहीहें जबकि दुसरका फिलिम में सिद्धार्थ मल्होत्रा ​​आ जान्हवी के नयका जोड़ी देखावल जाई. अजय देवगन अपना बहुप्रतीक्षित फिलिम ‘सन ऑफ सरदार 2’ के रिलीज डेट के आधिकारिक तौर पर एलान कइले बाड़न. फिल्म 25 जुलाई के सिनेमाघरन में रिलीज होखी जवना दिन सिद्धार्थ मल्होत्रा ​​आ जान्हवी कपूर अभिनीत फिलिम ‘परम सुन्दरी’ भी रिलीज होखे जा रहल बा. अयीसना में एs जुलाई में बॉक्स ऑफिस पs अजय अवुरी सिद्धार्थ के बीच कड़ा टक्कर होई।

परम सुंदरी के रिलीज के तारीख

‘परम सुन्दरी’ के निर्माता मैडॉक फिल्म्स आ निर्देशक तुषार जलोटा हउवें. ई एगो उत्तर-दक्षिण भारतीय प्रेम कहानी हs, जवना में सिद्धार्थ आ जान्हवी के जोड़ी पहिला बेर एक संगे देखाई दिही। फिलिम 25 जुलाई के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा, हालही में एकर टीजर लॉन्च भइल रहे जवना के दर्शकन के बढ़िया प्रतिक्रिया मिलल. खास कs के सोनू निगम के आवाज में गावल गीत टीजर के अउरी खास बना दिहलस.

सन ऑफ सरदार 2 के पहिला लुक आ रिलीज डेट

अजय देवगन अपना आवे वाली फिलिम ‘सन ऑफ सरदार 2’ के पहिला पोस्टर इंस्टाग्राम पs शेयर कइले बाड़न. पोस्टर में उनुका के 2012 के पहिला फिल्म के लुक निहन लुक में देखल गईल बा, पोस्टर के संगे कैप्शन में उs लिखले बाड़े कि, ’25 जुलाई के आपके नजदीक के सिनेमाघर में सरदार के वापसी #SOS2।’ एह फिलिम के निर्देशन विजय कुमार अरोड़ा कइले बाड़न आ एहमें अजय देवगन के साथे मृणाल ठाकुर मुख्य भूमिका में बाड़ी. एकर निर्माता अजय देवगन, ज्योति देशपांडे, एन.आर. पचीसिया, प्रवीण तलरेजा आ फॉक्स स्टार स्टूडियो के नाम बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-