Gorakhpur News : Lyrics Academy of Music के ओर से Fusion Fest 2025 के पहिला ऑडिशन सम्पन्न, 110 से जादे प्रतिभागी देखावल लोग प्रतिभा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2025

प्रयागराज : लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक के तत्वावधान में आयोजित होखे वाला फ्यूजन फेस्ट 2025 के तइयारी जोर पs बा। एही कड़ी में आज होटल प्रगति इन में प्रतियोगिता खातिर पहिला ऑडिशन आयोजित कइल गइल,

Share

प्रयागराज : लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक के तत्वावधान में आयोजित होखे वाला फ्यूजन फेस्ट 2025 के तइयारी जोर पs बा। एही कड़ी में आज होटल प्रगति इन में प्रतियोगिता खातिर पहिला ऑडिशन आयोजित कइल गइल, जेमे नृत्य, गीत आ वादन जइसन अलग-अलग प्रतियोगिता में 110 से जादे प्रतिभागी भाग लिहल लो आ अपना कला के सानदार प्रदर्शन कइल।

कार्यक्रम के शोभा बढ़ावे खातिर साहित्य, कला आ समाज से जुड़ल कइयन गो विशिष्ट अतिथि उपस्थित रहल लो। प्रमुख अतिथियन में डॉ. राकेश श्रीवास्तव, समाजसेवी विजय कुमार श्रीवास्तव, नवीन श्रीवास्तव, धीरज सिंह, विनोद पाठक, आभास पाठक, राजकुमार सिंह आ सरिता सिंह के नाम उल्लेखनीय रहल।

प्रतियोगिता के मूल्यांकन करे खातिर निर्णायक मंडल में त्रिपुरारी मिश्र, सुष्मिता, आंचल आनंद आ संदीप पांडेय सामिल रहे लो, जे प्रतिभागियन के प्रस्तुति के विविध मानकन पs परखल।

लिरिक्स एकेडमी के निदेशक कल्पना श्रीवास्तव बतवली कि ऑडिशन में 110 से जादे कलाकार भाग लिहल, जवना से ई स्पष्ट बा कि फेस्ट में प्रतिभा के कवनो कमी नइखे। कार्यक्रम के कुशल संचालन पूर्णिमा द्विवेदी कइली।

Read Also: Census: पहिला चरण में अप्रिल से मकान सूचीकरण के सुरुआत, सरकार करी हर घर में मवजूद सुविधा के जांच

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.