[the_ad_group id="30365"]

Airtel 5G के नीलामी में मरलस बाजी, 20 साल खातिर 43,084 करोड़ रुपया में अपने नाम कइलस स्पेक्ट्रम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में 5G नेटवर्क के ले के काफी समय से चर्चा हो रहल बा। हर केहू फास्ट कनेक्टिविटी वाले 5G स्पेक्ट्रम के इंतजार काफी बेसब्री से कर रहल बा। हाल ही में भारत के प्रमुख दूरसंचार सेवा प्रदान करे वाली कंपनी, भारती Airtel (“एयरटेल”) ई घोषणा कइले बा कि ऊ भारत में 5G रेवोलुशन के लीड करे खातिर तैयार बा। टेलीकॉम कंपनी कहलस कि Airtel एह नीलामी के दौरान 19867.8 MHz स्पेक्ट्रम वाले एह 5G नेटवर्क में 900 MHz, 1800 MHz, 2100MHz, 3300 MHz और 26 GHz frequency के मेगाबैंड्स के पैन इंडिया फुटप्रिंट के हासिल कइले बा। Airtel एके अगिले 20 साल खातिर हासिल कके 5G नेटवर्किंग में आपन पकड़ बना लेहले बा।

एसे पहिले भारती Airtel मुख्य रूप से मिड-बैंड के स्पेक्ट्रम वाले नेटवर्क के मजबूत करे में काफी समर्थ रहल बा। टेलीकम्यूनिकेशन डिपार्टमेंट, इंडियन गवर्नमेंट ने हाल ही में स्पेक्ट्रम खातिर जौन लेटेस्ट तरीका से नीलामी प्रक्रिया शुरू कइले रहल, ओमें Airtel एतना बड़ 5G स्पेक्ट्रम को तकरीबन 43,084 करोड़ रुपया में खरीद के अपने नाम क लेहले बा। Airtel के एह स्पेक्ट्रम के खरीदले से अब उनके पास 900 MHz, 1800 MHz, 2100 MHz, 3300 MHz 3.5 GHz अउरी 26 GHz बैंड में 19,867.8 MHz तक का स्पेक्ट्रम उपलब्ध हो गईल बा।

आज Airtel के पास 5G स्पेक्ट्रम के आ जाने से ऊ देश में इंटरनेट ब्रॉडबैंड के सुविधा देवे वाली सबसे बड़ कंपनी बन गईल बा, जेकरे जरिए ऊ देश में 5G क्रांति के न सिर्फ शुरुआत क सकत बा, बल्कि ओके अच्छे से स्थापित भी क सकता बा। बीते एक साल में Airtel अपने कई सहभागियन के साथ 5G स्पेक्ट्रम के टेस्टिंग में सबसे आगे रहल। Airtel ही सबसे पहिले देश में 5G परीक्षण के नेतृत्व कइले रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]