Air India New Logo: एयर इंडिया आपन नया लोगो आ डिजाइन जारी कइलस, नाम बा- द विस्टा
टाटा समूह के स्वामित्व वाली एयरलाइन एयर इंडिया बियफे के अपना नया लोगो आ डिजाइन के खुलासा कइलस। अपना लोगो के हिस्सा के रूप में, एयर इंडिया लाल, सफेद आ बैंगनी रंगन के बरकरार रखलस। नया लोगो के नाम ‘द विस्टा’ होई। एयरलाइन अपना नया टेल डिजाइन आ थीम गीत के खुलासा कइलस। टाटा संस के चेयरमैन चंद्रशेखरन कहलें कि नया लोगो असीम संभावनन आ आत्मविश्वास के दर्शावत बा। एयर इंडिया बियफे के सांझ एगो लाइव इवेंट में अपना नया लोगो के पेश कइलस।
एयर इंडिया के नया लोगो एयरलाइन के नया पहचान आ रीब्रांडिंग के हिस्सा बा। नया लोगो के लॉन्चिंग के दौरान टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन कहलें कि एयर इंडिया टाटा ग्रुप खातिर एगो बेवसाय ना, पैशन हs आ ई पैशन एगो राष्ट्रीय मिशन हs। टाटा संस के चेयरमैन कहलें कि एयर इंडिया के विश्व स्तरीय विमानन कंपनी बनावे के सफर के सुरुआत हो गइल बा। इवेंट के दौरान चंद्रशेखरन कहलें, “नया लोगो जवन रउआ आज इहां देखत बानी … विस्टा ऐतिहासिक रूप से असीम संभावनन, प्रगति आ आत्मविश्वास के दर्शावत बा।”
इवेंट के दौरान चंद्रशेखरन कहलें कि एयर इंडिया अपना रीब्रांडिंग असीम संभावनन आ आत्मविश्वास के संगे कइले बिया। ऊ कहलें कि 15 महीनन के सफर में हमनी के एयर इंडिया के दुनिया के सबसे बेहतरीन एक्सपीरिएंस, टेक्नोलॉजी, कस्टमर सर्विस आ सेवा वाली विमानन कंपनी बनावल चाहत बानी सs। पिछला 12 महीनन में हमनी के अपना सब आयामन के बेहतर कइले बानी सs।
Comments are closed.