[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: बंद हो सकेला, बड़ौदा यूपी बैंक के 268 शाखा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर : घाटा में रहे वाला बड़ौदा यूपी बैंक के अर्ध शहरी आ ग्रामीण क्षेत्र में 268 शाखा बंद हो सकेला। एकरा के पास के शाखा में विलय करे के तइयारी चल रहल बा। ए मामिला में महाप्रबंधक सभ शाखा के प्रबंधक से बिजनेस स्टडी रिपोर्ट मंगले बाड़े। जइसहीं ई चिट्ठी जारी भइल बैंक के संगठनन में उबाल हो गइल बा।

बड़ौदा यूपी बैंक मल्टी नेशनल फर्म बोस्टन कंसलटिंग ग्रुप के बैंकन के ताजा बिजनेस स्टेटस जाने खातिर अधिकृत कइले बा। एह कंपनी के सिफारिश पs बड़ौदा यूपी ग्रामीण बैंक के प्रबंधन 29 क्षेत्र के सभ 268 शाखा में डाटा एकट्ठा करे के फैसला कईलस। एही क्रम में 23 अगस्त 2023 के सभ शाखा प्रबंधक के चिट्ठी जारी कईल गईल। एकरा अलावे एगो प्रारूप में भेजल गइल बा। एहमें एह सब शाखा के आय-व्यय के हिसाब-किताब मांगल गइल बा। एह चिट्ठी में साफ लिखल बा कि एजेंसी के ओर से नामित बैंक के सूची विलय खातीर दिहल जाता। एह सूची में पडरौना के 32 आ खलीलाबाद के 28 गो शाखा के जिक्र बा। जबकि गोरखपुर के 19 शाखा शामिल बा। नेशनल फेडरेशन ऑफ आरआरबी इंप्लायर्स आ उप्र स्टेट ग्रामीण बैंक एंप्लाइज आ ऑफिसर्स फेडरेशन के पदाधिकारिय कुल एकर विरोध कइले बाड़न। उ फैसला वापस लेवे के मांग कईले बाड़े।

बिजनेस के लेके एगो अध्ययन हो रहल बा। आरबीआई के दिशा-निर्देश के मुताबिक ही फैसला लिहल जा सकता। बैंक खातिर ग्राहकन के हित सर्वोपरि बा। शाखा प्रबंधक लोग से शाखा के मुनाफा हानि के अध्ययन के रिपोर्ट मांगल गईल बा। एकर मतलब इ नईखे कि बैंक बंद होखे चाहे विलय के प्रक्रिया में बा। अध्ययन रिपोर्ट अइला के बाद आगे के फैसला लिहल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]