एयर इंडिया के एगो विमान थाईलैंड में आपातकालीन लैंडिंग कs चुकल बा। बतावल जाता कि थाईलैंड के फुकेट एयरपोर्ट पs बम के धमकी मिलला के बाद आपातकालीन स्थिति में विमान उतरल रहे। विमान में कुल 156 यात्री रहले। ई विमान थाईलैंड के फुकेट से दिल्ली आवत रहे।
जानकारी के मुताबिक विमान के उड़ान भरला के बाद बम के धमकी मिलल जवना के बाद हंगामा भईल। सुरक्षा एजेंसी सतर्क हो गइल आ विमान के फुकेट हवाई अड्डा पs आपातकालीन लैंडिंग करा दिहल गइल.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन
Post Views: 109