नई दिल्ली : Air India विमान हादसे के बाद नागरिक उड्डयन मंत्रालय ब्लैक बॉक्स जांच से जुड़ल ताजा जानकारी साझा कइले बा। मंत्रालय के अनुसार, 24 जून 2025 के प्रोटेक्शन मॉड्यूल (CPM) के सुरक्षित रूप से निकालल गइल आ 25 जून के मेमोरी मॉड्यूल से सफलतापूर्वक डेटा एक्सेस कs लिहल गइल। ई डेटा दिल्ली इस्थित एएआईबी लैब में डाउनलोड कइल गइल बा आ CVR आ FDR के विश्लेषण अभी जारी बा।
जांच के उद्देश्य
नागरिक उड्डयन मंत्रालय बतवलस कि जांच के उद्देश्य दुर्घटना के कारणन के गहराई से पड़ताल कइल आ भविष्य में विमानन सुरक्षा के मजबूत बनावल बा। भारत, आईसीएओ शिकागो कन्वेंशन (1944) के हस्ताक्षरकर्ता हs आ एही के तहत विमान दुर्घटना जांच ब्यूरो (AAIB) दुर्घटना के जांच करेला।
हादसा के बाद गठित जांच टीम
13 जून 2025 के AAIB अंतरराष्ट्रीय मानकन के अनुरूप बहु-विषयक जांच टीम के गठन कइलस। एह टीम के नेतृत्व AAIB महानिदेशक कs रहल बाड़ें। हादसा से संबंधित कॉकपिट वॉयस रिकॉर्डर (CVR) के 13 जून के इमारत के छत से आ फ्लाइट डेटा रिकॉर्डर (FDR) के 16 जून के मलबा से बरामद कइल गइल।
एह दुनो उपकरण के SOP के तहत सुरक्षित संचालन, स्टोरेज आ ट्रांसपोर्ट कइल गइल। उपकरणन के अहमदाबाद में सीसीटीवी निगरानी आ 24×7 पुलिस सुरक्षा में रखा गया था।
ब्लैक बॉक्स दिल्ली पहुंचल
24 जून 2025 के ब्लैक बॉक्स के भारतीय वायुसेना के विशेष विमान से दिल्ली ले आवल गइल। दुपहरिया 2 बजे फ्रंट ब्लैक बॉक्स आ सांझ 5:15 बजे रियर ब्लैक बॉक्स AAIB लैब पहुंचल। एकरा बाद दुनो से तकनीकी रूप से डेटा निकालल गइल।
दुर्घटना के विवरण
12 जून 2025 के अहमदाबाद से लंदन खातिर उड़ान भरतही एयर इंडिया के बोइंग 787-8 विमान टेकऑफ के तुरंत बाद मेडिकल हॉस्टल परिसर में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। एह हादसा में 241 यात्रियन सहित 270 से जादे लोगन के मौत हो गइल।
Read Also: SCO Summit: ‘दोहरा मापदंड खातिर कवनो जगह ना’, एससीओ शिखर सम्मेलन में भारत के पाकिस्तान पs कटाक्ष