Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिवाली से पहिले जहरीला भइल आगरा के हवा, दस दिन में तीन गुना बढ़ गइल प्रदूषण

523
ताजनगरी आगरा में पटाखा के शोर भलही शुरू नाइ भइल होखे लेकिन शहर के हवा दिनोंदिन खराब हो रहल बा। दस दिन पहिले तक शहर के औसत वायु गुणवत्ता सूचकांक 24 रहल, लेकिन दस दिन में ई 100 के ऊपर पहुंच गइल बा। बियफ़े के व्यवसायिक स्थल संजय प्लेस में एक्यूआई 137 दर्ज कइल गइल। अगर अइसने हालात बनल रहे त दिवाली ले प्रदूषण में कई गुना इजाफा हो सकsता। ई अस्थमा अउर सांस रोगियन खातिर मुसीबत बनी।
सितंबर माह में शहर के औसत वायु गुणवत्ता सूचकांक 50 के आसपास ही बनल रहल। यदा कदा ही एहमें बढ़ोतरी भइल। सात से 10 सितंबर तक 24 एक्यूआई रहल। एकरे बाद दिवाली के त्योहार के तैयारी शुरू भइल। घर के साफ सफाई अउर बाजार में गहमागहमी अउर वाहन के संख्या बढ़ल। दू दिन पहिले औसत एक्यूआई 120 तक पहुंचल रहे लेकिन बियफ़े के औसत एक्यूआई 86 रहल, लेकिन संजय प्लेस में ई 137 तक पहुंच गइल। अगर दिवाली से पहिले प्रदूषण के रोकथाम के उपाय नाइ कइल गइल त ई सेहत खातिर खतरा बनी। यूपीसीबी के क्षेत्रीय अधिकारी के कहनाम बा कि प्रदूषण के रोकथाम खातिर निर्माण स्थल पर निरंतर छिड़काव अउर अन्य उपाय करे निर्देश दिहल गइल बा

बढ़त प्रदूषण के कारण

  • त्योहार पर कूड़ा कचड़ा के जरावल।
  • सड़क अउर अन्य निर्माण स्थल पर छिड़काव नाइ कइल, प्रदूषण के रोकथाम के इंतजाम नाइ।
  • पुरान अउर डीजल वाहन के संचालन, गाड़ियन के संख्या के सड़क पर बढ़ल

6 जगही पs दर्ज कइल गइल एक्यूआई 

संजय प्लेस – 137
मनोहरपुर 79
आवास विकास, सेक्टर तीन-75
शास्त्रीपुरम 74
रोहता – 83
शाहजहां गार्डन- 65
आगरा कैंट स्टेशन- 75

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.