[the_ad_group id="30365"]

Bigg Boss OTT 3 जीतने के बाद सना मकबूल अपना ब्वॉयफ्रेंड के पहचाने से कइली इनकार, बोलली – कवन श्रीकांत?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिग बॉस जीतला के बाद सना मकबूल के कथित प्रेमी श्रीकांत उनुकर गर्मजोशी से स्वागत कइले। एह दौरान जब मीडिया बिजनेस मैन से पूछलस कि बियाह कब होई तऽ उऽ कहले रहले कि बियाह जरूर होई। हालांकि जब एगो साक्षात्कार में सना से एह बारे में पूछल गइल तऽ अभिनेत्री उनुका के पहचाने से इनकार कऽ देली।

सना मकबूल बिग बॉस ओटीटी सीजन 3 जीत चुकल बाड़ी। एह दौड़ में अभिनेत्री टॉप 2 प्रतियोगी नेजी के हरा के ट्रॉफी आ 25 लाख रुपिया जीत लिहली। सना के संगे एह खुशी के जश्न मनावत घरी उनकर अफवाह प्रेमी श्रीकांत बुरेदीयो देखाई देले। एह दौरान श्रीकांत अपना रिश्ता के पुष्टि करत कहले कि दुनो लोग के बियाह जल्दिए होई।

सना चिन्हे से मना कऽ दिहली

ओह दौरान लागत रहे कि दुनु जने के रिश्ता सचहूँ बढ़िया बा। हालांकि जब ए मॉडल से ए बारे में बात भइल तऽ उऽ एगो चौंकावे वाला बयान देली। मीडिया जब सना मकबूल से श्रीकांत के बारे में पूछलस तऽ सना कहली, कवन श्रीकांत?

बियाह के सवाल पs  सना कहली कि श्रीकांत उनकर बहुत बढ़िया दोस्त हउवे आ हर मामला में उनकर साथ देवेले। बाकिर अभिनेत्री ई बात ना मान लिहली कि ऊ श्रीकांत से बियाह करे वाली बाड़ी। सना कहली कि बेशक बियाह एगो निश्चित उम्र के बाद होखे के चाही। तऽ जल्दिए हो जाई आ जब होई तऽ रउरा मालूम हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]