यूपी बोर्ड के बाद मदरसा पs योगी सरकार भइल सख्त, परीक्षा के मॉनिटरिंग खातिर लागल सीसीटीवी कैमरा

Share

मदरसा के परीक्षा आज से शुरू हो गइलऽ बा, एह पs योगी सरकार पएनी नजर बनवले बाड़े। सरकार चाहsतिया कि यूपी बोर्ड के जइसन मदरसो के परीक्षा कदाचार मुक्त होखो

यूपी बोर्ड की परीक्षा में नकल रोके के बाद अब योगी सरकार के नज़र मदरसा के इम्तिहानों पs बा। आज से यूपी में मदरसा बोर्ड के इम्तिहान शुरू हो गइलऽ ना। इम्तिहान में करीब 1.5 लाख छात्र बइठ रहल बाड़े । छात्रन के मॉनिटरिंग खातिर सीसीटीवी कैमरा लगावल गइलऽ बा, परीक्षा केंद्रों पs वॉइस रिकॉर्डर बा, लखनऊ में एगो कंट्रोल रूम बनावल गइलऽ बा जहवां से सऊंसे यूपी के इम्तिहान रिकार्ड हो रहलऽ बा। मदरसा के छात्र पs नज़र रखल जा रहलऽ बा, ताकि नकलविहीन परीक्षा करावल जा सको।

लगावल गइलऽ करीब 5 हज़ार कैमरा 

मदरसा बोर्ड के चेयरमैन इफ्तिखार जावेद कहले कि पहीले मदरसा के इम्तिहान कबो टाइम से ना होत रहे,नकल होत रहे, कय गो छात्र घरे कॉपी ले जाके इम्तिहान देत रहे, बाकी अब अइसन नइखे हो सकत। एक-एक मदरसा में परीक्षा दे रहे एक-एक छात्र पs नज़र रखलऽ जा रहलऽ बा। एकरे खातिर परीक्षा केंद्र पs करीब 5 हज़ार कैमरा लगवावल। मदरसा बोर्ड के चेयरमैन परीक्षा केंद्र के इंस्पेक्शन कर रहलऽ बाड़े। मदरसा में पढ़े वालन छात्र के घरवालन भी इम्तिहान में हो रहल सख्ती से खुश बाड़े ।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-