Farmer Protest Updates: DSP समेत हरियाणा पुलिस के 24 जवान घायल, किसान बोलले- पीएम MSP पs कानूनी गारंटी दें’

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 14, 2024

  Farmer Protest: आज किसानों के ‘दिल्ली चलो’ मार्च के दूसरका दिन हs। पंजाब-हरियाणा शंभू सीमा पs प्रदर्शनकारी किसान ट्रैक्टर ट्राली लेके खड़ा बाड़े। किसान रात भर सीमा पs रहे। रात में किसान के तितर-बितर

Share

 

Farmer Protest: आज किसानों के ‘दिल्ली चलो’ मार्च के दूसरका दिन हs। पंजाब-हरियाणा शंभू सीमा पs प्रदर्शनकारी किसान ट्रैक्टर ट्राली लेके खड़ा बाड़े। किसान रात भर सीमा पs रहे। रात में किसान के तितर-बितर करे खातीर आंसू गैस के गोला भी छोड़ल गईल। हरियाणा पुलिस के कहल बा कि कवनो हाल में किसानन के राज्य में प्रवेश ना दिहल जाई। एही बीच दिल्ली-एनसीआर में किसान के रोके के ठोस इंतजाम कईल गईल बा। दिल्ली पुलिस किसानन के विरोध करे वाला किसानन के राष्ट्रीय राजधानी में घुसे से रोके के तइयारी करत बिया तs मंगल के दिने एगो वरिष्ठ अधिकारी सुरक्षाकर्मियन के निर्देश दिहलन कि अगर आंदोलनकारी आक्रामकता देखावेलें तs ओह लोग के “रक्षात्मक होखे के जरूरत नइखे।”

डीएसपी सहित हरियाणा पुलिस के 24 जवान घायल

किसानन के विरोध के बीच भइल हिंसक झड़प में अबले डीएसपी समेत हरियाणा पुलिस के 24 जवान घवाहिल हो गइल बाड़े। बता दीं कि पंजाब-हरियाना सीमा पs पुलिस आ किसानन के बीच झड़प हो गइल। किसान जब पथराव कईले तs पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़ देलस।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.