आतंकी गतिविधियन में लिप्त संगठन पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया पर केंद्र सरकार पांच साल के पाबंदी लगावे के बाद अब उनकर ट्विटर अकाउंट बंद कs दिहल गइल बा।
संगठन पर केंद्र सरकार नकेल कस देहले बा। उनके कई नेता अउरी कार्यकर्ता लोग के गैर कानूनी गतिविधि संचालित कइले के आरोप मे गिरफ्तार कइल गइल बा। अब उनकर ट्विटर अकाउंट भी बंद कs दिहल गइल बा। गृह मंत्रालय पीएफआई पs पाबंदी के साथ ही दू पृष्ठ के अधिसूचना जारी कइले बा। एहमें संगठन के गतिविधियन से ले के उनके खिलाफ कार्रवाई के पूरा विवरण बा।
पाबंदी अलोकतांत्रिक बा, कोर्ट जाइल जाई : कैंपस फ्रंट ऑफ इंडिया
एही बीच, पीएफआई से जुड़ल अउरी प्रतिबंधित कइल गइल संगठन कैंपस फ्रंट ऑफ इंडिया पाबंदियन के अलोकतांत्रिक अउर असंवैधानिक बतवले बानें। संगठन के कहनाम बा कि पाबंदी के कोर्ट में चुनौती दीहल जाई। संगठन आजु ट्वीट कइलस, सीएफआई भारत में संगठन के सब गतिविधियन के तत्काल प्रभाव से रोक देई। एकरे संगही सब आरोप के अदालत में चुनौती दीहल जाई।
https://twitter.com/ANI/status/1575340102636617729?t=7iwnohjaSNKOiGP96jsyJw&s=19