कानपुर के बाद अब अजमेर में ट्रेन पलटावे के साजिश

Ajmer train conspiracy

Share

यूपी के कानपुर के बाद अब राजस्थान में ट्रेन पलटे के साजिश के मामला सोझा आइल बा। राजस्थान के अजमेर में रेल पटरी पs सीमेंट के विशाल ब्लॉक मिलल बा। इ पत्थर ट्रेन के पलटे खाती पटरी पs राखल गइल रहे। हालांकि, सौभाग्य के बात इ रहे कि ट्रेन के इंजन सीमेंट के ब्लॉक के तोड़त आगे बढ़ल।

पत्थर से टकराइल मालगाड़ी

दरअसल फुलेरा से अहमदाबाद जाए वाली मालगाड़ी पत्थर से टकरा गइल रहे, बाकिर उऽ तूड़ के आगे बढ़ गइल। एकरा बाद रेल चालक आरपीएफ के सूचना देले, जवन कि मौका प पहुंच के पटरी के निरीक्षण कइले।

राजस्थान में तीसरका बेर ट्रेन पलटावे के साजिश

एह मामिला के लेके मांगलियावास थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। बता दीं कि राजस्थान में एक महीना में ई तिसरका अइसन घटना बा, जवना में ट्रेन के पटरी से उतार देबे के साजिश रचल गइल।

एकरा से पहिले 28 अगस्त के बारन के छाबरा में पटरी पs बाइक के स्क्रैप मिलल रहे। एही समय 23 अगस्त के पाली के अहमदाबाद-जोधपुर वंदे भारत पटरी पs राखल सीमेंट ब्लॉक से टकरा गइल।

कानपुर के रेल पटरी पऽ एलपीजी सिलेंडर रखल गइल 

हाल ही में यूपी के कानपुर में अइसने एगो घटना सामने आइल बा। इहाँ रेलवे पटरी पs एलपीजी सिलेंडर आ बाकी विस्फोटक सामग्री पटरी प राखल जात रहे। एकरा माध्यम से कालिंदी एक्सप्रेस के पटरी से उतारे के कोशिश कइल गइल। ए सिलसिला में सोमवार के दु स्थानीय हिस्ट्रीशीटरों समेत 6 लोग के पूछताछ खाती हिरासत में लिहल गईल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-