[the_ad_group id="30365"]

कानपुर से भिवानी जा रहल ‘कालिंदी एक्सप्रेस’ के LPG सिलेंडर से उड़ावे के साजिश!

कालिंदी एक्सप्रेस :फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रयागराज से कानपुर होत भिवानी जाए वाली ट्रेन कालिंदी एक्सप्रेस (14117) के एलपीजी सिलेंडर से उड़ावे के साजिश के मामला सोझा आईल बा। अतवार के देर साँझ ई ट्रेन पटरी पs राखल सिलेंडर से टकरा गइल. एह दौरान जोरदार आवाज भी भइल। नीमन बात इs बा कि ट्रेन में मौजूद यात्री के कवनो नुकसान ना भईल।

कानपुर के अनवरगंज-कासगंज रेल मार्ग पs देर सांझ भिवानी जात कालिंदी एक्सप्रेस पटरी पs राखल सिलेंडर से टकरा गइल. ट्रेन के रफ्तार तेज रहे, जवना के चलते ट्रेन के रोकत घरी सिलेंडर से टकरा गईल। एकरा से भी जोरदार आवाज निकलल। इs ट्रेन प्रयागराज से कानपुर सेंट्रल होत भिवानी जात रहे।

शिवराजपुर के लगे ड्राइवर ज्ञापन देले कि ट्रेन के कवनो लोहा के वस्तु से टकरा गईल। इमरजेंसी ब्रेक लगा के ट्रेन के रोकल गईल बाकिर मौका पs कुछूओ ना मिलल। ट्रेन चालक के जानकारी पs आरपीएफ के निरीक्षक जांच खातीर पहुंचले। जांच के बाद ओपी मीणा के टीम करीब 200 मीटर दूर सिलेंडर बरामद कs लेलस।

जवना सिलेंडर से ट्रेन के टक्कर भईल उs सिलेंडर भरल मिलल। जांच के दौरान अवुरी संदिग्ध सामान भी बरामद भईल बा। आरपीएफ के कहनाम बा कि साजिश के घटना के खारिज नईखे कईल जा सकत। फिलहाल आरपीएफ प्राथमिकी दर्ज कs के जांच शुरू कs देले बिया।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]