महाराष्ट्र में मालगाड़ी के पलटले के साजिश, रेलवे ट्रैक पs सीमेंट के बड़ पत्थर मिलल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2024

  महाराष्ट्र के सोलापुर में मालगाड़ी के पलटे के साजिश भी सोझा आईल बा। सोलापुर जिला के कुर्डुवाडी स्टेशन से करीब एक किलोमीटर दूर रेल पटरी पs एगो बड़हन पत्थर मिलल बा. लोको पायलट के

Share

सोलापुर में मालगाड़ी के पलटले के साजिश: फोटो

 

महाराष्ट्र के सोलापुर में मालगाड़ी के पलटे के साजिश भी सोझा आईल बा। सोलापुर जिला के कुर्डुवाडी स्टेशन से करीब एक किलोमीटर दूर रेल पटरी पs एगो बड़हन पत्थर मिलल बा. लोको पायलट के सावधानी के चलते दुर्घटना ना भईल।  रेलवे के सीनियर सेक्शन इंजीनियर एs मामला के लेके थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़े। आगे के जांच चल रहल बा।

कानपुर में आईएसआईएस के खुरासन मॉड्यूल के लिंक

कानपुर में ट्रेन के पलटे के साजिश में आईएसआईएस के खुरासन मॉड्यूल के शामिल होखे के आशंका जांच एजेंसियन के बा। एह मॉड्यूल से जुड़ल आतंकियन के सोशल मीडिया प्लेटफार्म के माध्यम से जिहादी बनावल जाला यानी ओह लोग के दिमाग धोवल जाला। सोशल मीडिया के माध्यम से बम बनावे जईसन प्रशिक्षण दिहल जाला।  रेल पटरी पs जवन प्रकार के सामग्री मिलल बा ओकरा चलते आरोपी सेल्फ रेडिक्लाइज हो सकता।

अजमेर में भी साजिश

अजमेर में बदमाश सराधना अवुरी बांगड़ ग्राम रेलवे स्टेशन के बीच दु जगह पs 70 किलो वजनी ब्लॉक रखल रहे। सौभाग्य रहे कि ट्रेन ओके तोड़त आगे से गुजर गइल आ कवनो दुर्घटना ना भइल. घटना अतवार के रात फुलेरा से अहमदाबाद के रूट पs भईल। इs मालगाड़ी फुलेरा से अहमदाबाद जात रहे। जानकारी के मुताबिक एसआईटी एs मामला के जांच करी।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.