[the_ad_group id="30365"]

BPSC से चयनित शिक्षक 25 तक कs सकत बा लो ज्वाइनिंग: त्योहार में छुट्टी के बढ़ावल गई तिथि, ना पहुंचला पs नियुक्ति होई रद्द

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार लोकसभा आयोग के ओर से आयोजित शिक्षक भर्ती परीक्षा से चयनित नव नियुक्त शिक्षकन के बीच नियुक्ति पत्र आ विद्यालय आवंटन पत्र के वितरण कइल जा चुकल बा। आवंटन पत्रिका वितरण के बाद सब नव चयनित शिक्षकन के 21 नवंबर तक विद्यालय में जोगदान देवे के रहे। छठ पूजा के लगातार छुट्टी होखला के कारण विद्यालय में जोगदान करे के तिथि में विस्तार कs दिहल गइल बा।

अब शिक्षकन के हर हाल में 25 नवंबर सनीचर तक विद्यालय में जोगदान देवे के होई। जिला शिक्षा पदाधिकारी मिथिलेश कुमार जानकारी देत बतवलें कि जदि कवनो विशेष परिस्थिति में शिक्षक 25 नवंबरो के विद्यालय में जोगदान नइखे कs पावत तs सकारात्मक कारण बताने के संगही 26 नवंबर अतवार के विद्यालय खोलके शिक्षक के जोगदान दिलावे के होई।

ना पहुंचला पs नियुक्ति होई रद्द

आखिरी तिथि के जदि नव चयनित शिक्षक आपन आवंटित विद्यालय में योगदान नइखे देत बा तs उनकरा नियुक्ति रद्द कs दिहल जाई। शिक्षकन के बीच राजेंद्र स्टेडियम में कैंप लगाके नियुक्ति पत्र आ वीएम हाई स्कूल में कैंप लगाके आवंटन पत्र के वितरण कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]