JPU में स्नातक के सत्र 2024-28 में नामांकन सुरू: 19 जून तक होई एडमिशन, वेबसाइट स्लो होखला से छात्रन के हो रहल बा परेसानी 

JPU में रिसर्च के गुणवत्ता बढ़ावे खातिर प्लेगरिज्म सॉफ्टवेयर से होई जांच, पीजी कोर्स में 20% बदलाव

Share

सीवान में जेपी यूनिवर्सिटी में स्नातक सत्र 2024-28 में एडमिशन चालू बा। एकरा खातिर ऑनलाइन आवेदन हो रहल बा। 29 मई से ऑनलाइन आवेदन सुरू कs दिहल गइल बा। सुरुआत के 10 दिन में मात्र चार हजार स्टूडेंट्स आवेदन करत रहे। हालांकि तब वेबसाईट सही तरीका से काम ना करत रहे।

वेबसाईट सही होखला के बादो कुछ खास सुधार नइले भइल आ आवेदन के अंतिम दिन मात्र आठ हजार स्टूडेंट्स आवेदन कइले रहे लो। 12 जून तक अंतिम तिथि निर्धारित कइल गइल रहे। आवेदन कम मिलला के कारण तिथि में विस्तार कइल गइल।

19 जून तक चली एडमिशन

ऑनलाइन आवेदन करे के अंतिम तिथि 19 जून निर्धारित कs दिहल गइल। हालांकि, विश्वविद्यालय से मिलल जानकारी के अनुसार अभी तक मात्र 14 हजार स्टूडेंट्स आवेदन कइले बा लो। सीवान, छपरा आ गोपालगंज के कुल 32 अंगीभूत कॉलेज के मिलाके 37 हजार सीट पs नामांकन होखे के बा।

बहुत कम आवेदन के बाद यूनिवर्सिटी के कुलपति प्रमेन्द्र कुमार बाजपेई स्टूडेंट्स से अपील कइले बाड़ें की जेपी यूनिवर्सिटी में एडमिशन करावे लो। एकरा के लेके कुलपति कहले कि स्टूडेंट्स अंतिम दिन के इंतजार ना करे लो। अंतिम तिथि के पहिलही एडमिशन करावे लो, ना तो अंत मे आपाधापी के इस्थिति बन जाला।

देरी से कोर्स पूरा भइला पs छात्र नइखे करावत लो नामांकन

ज्ञात होखे कि यूनिवर्सिटी के तीन गो सत्र बहुत पीछे चल रहल बा। यूनिवर्सिटी में लगातार सत्र पीछे चलला के कारण अब स्टूडेंट्स एडमिशन करावे में कवनो रुचि नइखे देखावत लो। सत्र 2020-23, 2021-24, 2022-25 नियमित नइखे। संगही 2023 के सत्र अभी 7 महीना पीछे चल रहल बा। सत्र 2020-23 अभी तक पूरा हो जाये के चाहीं, बाकिर अभी ले पूरा नइखे हो पाइल। पिछड़ल सत्र के कारण स्टूडेंट्स जेपी यूनिवर्सिटी में एडमिशन करावे में कवनो दिलचस्पी नइखे देखावत लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-