[the_ad_group id="30365"]

मदनमोहन मालवीय इंजीनियरिंग विश्वविद्यालय में 24 अगस्त ले होई पंजीकरण, फिर होई काउंसिलिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय में सत्र 2022-23 में बीटेक प्रथम वर्ष के 1047 सीटों पर प्रवेश खातिर पंजीकरण के प्रक्रिया शुरू हो गईल बा। पंजीकरण के अंतिम तिथि 24 अगस्त, 2022 ह। एकरे बाद काउंसिलिंग शुरू होई।
विश्वविद्यालय में 90 फीसदी सीट पर प्रवेश जेईई मेन में सफल अभ्यर्थियन के होई। जबकि, 10 फीसदी सीट पर दूसरे राज्य के अभ्यर्थियन के प्रवेश होई। जेईई मेन में सफल भइल अभ्यर्थियन के प्रवेश खातिर विश्वविद्यालय के वेबसाइट के माध्यम से पंजीकरण करावे के होई। पंजीकरण के प्रक्रिया शुक्रवार से ही शुरू हो गइल बा।

प्रवेश प्रकोष्ठ के समन्वयक प्रो. एससी जायसवाल बतवलें कि विश्वविद्यालय में बीटेक प्रथम वर्ष में सिविल इंजीनियरिंग, इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग, मैकेनिकल इंजीनियरिंग, इलेक्ट्रॉनिक्स एंड कम्यूनिकेशन इंजीनियरिंग, कंप्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग, इन्फार्मेशन टेक्नोलॉजी एवं केमिकल इंजीनियरिंग में कुल 1047 सीट उपलब्ध बा। जेमे 90 फीसदी सीट जेईई मेन के सफल अभ्यर्थियन खातिर अउरी 10 प्रतिशत सीट अन्य प्रदेश के अभ्यर्थियन खातिर बा। एह सब सीट पर जेईई मेन के परिणाम के आधार पर काउंसिलिंग करा के प्रवेश देहल जाई।

बीबीए, बीफॉर्मा में सीयूईटी से प्रवेश

विश्वविद्यालय में उपलब्ध अन्य कोर्स बीबीए अउरी बीफॉर्मा प्रथम वर्ष में प्रवेश केंद्रीय विश्वविद्यालय संयुक्त प्रवेश परीक्षा (सीयूईटी) -2022 के माध्यम से बीटेक लैटरल एंट्री (द्वितीय वर्ष), बीफॉर्मा लैटरल एंट्री (द्वितीय वर्ष), एमसीए, एमबीए एवं एमएससी में प्रवेश सीयूईटी (पीजी) – 2022 के माध्यम से लिहल जाई। पीएचडी अउरी एमटेक में प्रवेश के प्रक्रिया चल रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]