Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Adipurush News: प्रमाण पत्र लिहले बिना ‘आदिपुरुष’ का प्रोमो भइल रहे रिलीज? अब कोर्ट मंगलस सेंसर बोर्ड से जवाब!

आदिपुरुष फिलिम के जबसे प्रोमो आ ओकर पहिला झलक दर्शकन के सोझा आईल बा तबे से ई फिलिम कवनो ना कवनो विवाद के संगे ओकर नाव जोड़ा जाता।

5,273

आदिपुरुष फिलिम के जबसे प्रोमो आ ओकर पहिला झलक दर्शकन के सोझा आईल बा तबे से ई फिलिम कवनो ना कवनो विवाद के संगे ओकर नाव जोड़ा जाता।पहिले सैफ अली खान के लुक्स आ एह फिलिम के VFX पs खूबे बवाल भइल आ अब एगो टटका विवाद के मामला आईल बा।

आदिपुरुष फ़िल्म के लेके अब नयका विवाद के लेके इलाहाबाद उच्च न्यायालय सेंसर बोर्ड से मंगलस जवाब ।

 

इलाहाबाद उच्च न्यायालय ओम राउत के फिलिम के लेके सेंसर बोर्ड से जवाब मंगले बा । एह फिलिम के लेके कोर्ट में एगो याचिका दायर कईल गईल रहे कि एह फिलिम बनावे वाला निर्माता लोग सेंसर बोर्ड से बिना कवनो प्रमाण पत्र लिहले फिलिम के प्रोमो जारी कई देले रहे लोग। अब एह ममिला में कोर्ट सेंसर बोर्ड से जवाब मंगले बा आ एह याचिका पs अगिला सुनवाई 21 फरवरी के होई।

 ख़बर के हाइलाइट्स:

  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय  भेजलस सेंसर बोर्ड के सम्मन आ मंगलस जवाब।
  • जानी, अब का बा ई नयका विवाद
  • एह फिलिम के VFX आ लुक्सो के लेके उठल रहे सवाल ।

निर्देशक ओम राउत के फिलिम आदिपुरुष पर जमिके बवाल आ विवाद भइल रहे।  देश भर में एह फिलिम के खिलाफ प्रदर्शन भइल रहे । अब इस फिलिम के लेके इलाहाबाज हाईकोर्ट  सेंसर बोर्ड से जवाब मंगले बा। इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ पीठ केंद्रीय फिल्म प्रमाणन बोर्ड के फिलिम ‘आदिपुरुष’ के खिलाफ दायर जनहित याचिका पs जवाब दाखिल करे ख़ातिर नोटिस भेजले बा। पीठ के ओर से एह ममिला में सुनवाई के अगिला तारीख 21 फरवरी तय कइल गईल बा । ई आदेश मुख्य न्यायाधीश राजेश बिंदल और न्यायमूर्ति बीआर सिंह के खंडपीठ  कुलदीप तिवारी के ओर से दायर जनहित याचिका पs दिहलें ।

का बा आदिपुरुष के नयका विवाद के ममिला 

दाखिल  जनहित याचिका में  ई कहल गईल बा कि फिल्म निर्माता लोग सेंसर बोर्ड से परमान पत्र लिहले बिना  Adipurush फिल्म का प्रोमो जारी कइले देले बा लोग, जवन कि नियमन के साफ़ तउर पs उल्लंघन बा। याचिका में एह फिलिम में देवी सीता के भूमिका निभावे वाली अभिनेत्री के पहिरल गईल कपड़ो पs बड़ा कड़ा आपत्ति जतावल गईल बा।

आदिपुरुष के लेके अतना बवाल काहें?

याचिका में इहो कहल गईल बा कि लोगन के भगवान राम और देवी सीता में बहुते गहिराह आस्था बा, बाकिर फिलिम में उ लोगन के आस्था के खिलाफ देखवाल गईल बा । याचिका में रावण के जवन दृश्य  आ लुक बा ओकरो के लेके आपत्ति जतावल गईल बा। याचिका में भगवान राम, माता सीता आ रावण के भूमिका निभा रहल अभिनेता प्रभाष, कृति सेनन, सैफ अली खान के संगही हनुमान के भूमिका निभावे वाला देवदत्त नागे व लक्ष्मण की भूमिका कर रहल सनी सिंह के प्रतिवादी बनावल गईल बा । एकरा अलावा फिल्म के निर्माता लोग आ निर्देशक ओम राऊतो के याचिका में प्रतिवादी बनावल गईल बा।

तनि जान लिहिं फिलिम “आदिपुरुष” के बारे में

आदिपुरष एगो अइसन फिलिम कि जब से एह फिलिम के पहिला झलक आईल बाज़ार में तबे से एह फिलिम में विवाद अइसे सट गईल जइसे जोंक कवनो आदमी के देहिं से सट जाला।आदिपुरुष फिलिम के दशहरा के मवका पs टीजर रिलीज भइल रहे। एह फिलिम में भगवान श्रीराम के रोल में प्रभास तs श्रीलंकेश के रोल में सैफ अली खान बाड़े। एकरा टीजर पs सोशल मीडिया पs एह फिलिम बड़ा विरोध दर्ज कईल गईल रहे। रावण के किरदार आ हनुमानो के लुक पs लोग बहुते आपत्ति जतवले रहे आ काफी विवाद भइल रहे।  एकरा सथवे वीएफएक्स परो बवाल देखे के मिलल रहे । एकरा बाद अइसन खबर आईंल कि एह फ़िलिम के बनावे वाला लोग एह फ़िलिम पs दोबारा से काम कर रहल बा लोग आ फिलिमो में बदलाव कईल जा सकत बा । एहि कुल्ह विवाद आ हल्ला-गुल्ला के चलते एकर रिलीज डेटो घसका दिहल गईल बा।

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.