दर्दनाक: सड़क हादसा में मैनपुरी में तैनात एडीजे पूनम त्यागी के मौत, डिवाइडर से टकराइल कार

Share

फिरोजाबाद के शिकोहाबाद में मंगर के सबेरे आगरा लखनऊ एक्सप्रेस वे पs नगला खंगर थाना क्षेत्र अंतर्गत माइल स्टोन-65 के लगे मैनपुरी में तैनात एडीजे (पाक्सो) पूनम त्यागी के कार हादसा के शिकार हो गइल। जेमे चालक आ एडीजे गंभीर रूप से घायल हो गइल लो। जानकारी होखतही थाना प्रभारी मवका पs पहुंच गइल। गंभीर रूप से घायल एडीजे आ उनका चालक के सैंफई पीजीआई में भेजल गइल, जहां डॉक्टर लोग परीक्षण के बाद एडीजे के मृत घोषित कs दिहल, जबकि चालक के उपचार चल रहल बा।

छुट्टी बितवला के बाद लवटत रहली मैनपुरी

दु दिन के छुट्टी बितवला के बाद एडीजे (पाक्सो) पूनम त्यागी अपना कार से मैनपुरी आवत रहली। जब उनकर कार आगरा लखनऊ एक्सप्रेस वे पs 65.700 माइल स्टोन के लगे पहुंचल, तबे चालक के नींद आ गइल। जवना से कार आगे जा रहल ट्रक में पीछे से घुस गइल। कार के सचिन पुत्र संतराम निवासी कस्तला थाना इंचोली जिला मेरठ चलावत रहले। हादसा होखला के बाद दुनो गंभीर रूप से घायल हो गइल रहे।

हादसा के जानकारी होखतही थानाध्यक्ष महेश चंद्र फोर्स के संगे मवका पs पहुंच गइल। एडीजे (पाक्सो) के गाड़ी दुर्घटनाग्रस्त होखे के जानकारी होखतही प्रशासनिक अधिकारियो मवका पs पुहंच गइल। तत्काल प्रभाव से घायलन के पीजीआई सैंफई भेजल गइल, जहां डॉक्टर लोग पूनम त्यागी के मृत घोषित कs दिहल। क्षतिग्रस्त कार पुलिस चौकी उरावर पs खड़ा करा दिहल गइल बा। अधिकारी लोग बतावल कि पूनम के पति मेरठ न्यायालय में तैनात बतावल गइल बाड़ें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-