[the_ad_group id="30365"]

Mumbai: छत्रपति शिवाजी इंटरनेशनल एयरपोर्ट पर हमले की धमकी के बाद अलर्ट, आईएम आतंकी की तलाश जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई के छत्रपति शिवाजी महाराज इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs हमला के धमकी के बाद सुरक्षा एजेंसियां अलर्ट पs बाड़ी सs। एयरपोर्ट पs सुरक्षा के इंतजाम कड़ा कई दिहल गइल बा । बता दिहीं कि सोमार के इरफान अहमद नामक व्यक्ति कॉल कईके एयरपोर्ट पs हमला के धमकी देले रहे। आरोपी खुद के आतंकी संगठन इंडियन मुजाहिदीन के सदस्य बतवले रहे। पुलिस ने मामला दर्ज कइके जांच शुरू कई देले बिया ।

पीएम मोदी मुंबई के अंधेरी ईस्ट इलाका में जा सकत बाड़े , जहां ऊ दाऊदी बोहरा समुदाय के अरेबिक एकेडमी के उद्घाटन कर सकत बाड़े । दाऊदी बोहरा समुदाय के आधिकारिक ट्विटर हैंडल से  ट्वीट कइके बतावल गइल बा कि उ परम पावन सैयदाना मुफद्दल सैफुद्दीन के साथे मंच साझा कर सकत बाड़े। मुंबई दउरा पs पीएम मोदी भारतीय नौसेना के मुंबई के कोलाबा स्थित बेस पर भी जा सकत बाड़े। प्रधानमंत्री के दवरा के चलते शहर में 10 फरवरी तक ले ड्रोन भा कवनो दोसर फ्लाइंग एक्टिविटी करे पs रोक लगा दिहल बा ।

गौरतलब बा कि सोमार के सांझ में महाराष्ट्र के नागपुर में दु गो अस्पतालन के बम से उड़ावे के धमकी दीहल गईल रहे। एह संबंध में धमकी भरल कॉल नागपुर पुलिस स्टेशन कंट्रोल रूम के मिलल। आरोपी के अब तक पहचान नइखे हो सकल , पुलिस मामला के जांच कर रहल बिया
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]