गोरखपुर में मकान दियवले के नाम पर वसूल लिहलस डेढ़ करोड़ रुपया, आरोपी गिरफ्तार

Share

गोरखपुर जिला के जीआरडी गेट के सामने स्थित दूसरे के मकान के दिखा के डेढ़ करोड़ रुपया के जालसाजी करे के एगो आरोपी के कैंट पुलिस अतवार रात कूड़ाघाट के पास से गिरफ्तार कर लिहलस। सोमार के ओके कोर्ट में पेश कइल गइल, जहां से जेल भेजल गइल
आरोपी के पहचान सैनिक कुंज कॉलोनी सेक्टर सी निवासी मुरारी उर्फ मुराली के रूप में भइल बा। प्रभारी निरीक्षक शशिभूषण राय बतवलें कि गोरक्षनगर निवासी अविनाश राय बीतल सात जुलाई के अतुल कुमार त्रिपाठी, मारुति नंदन, रामप्रवेश सिंह, चंद्रमोहन त्रिपाठी, मुरारी सहानी और गोकुल सहानी के खिलाफ केस दर्ज करवले रहने।

आरोप बा कि ई लोग मकान बेचले के नाम पर डेढ़ करोड़ रुपया ले लिहलें अउर मकान भी रजिस्ट्री नाइ कइलें, न ही रुपया वापस कर रहल बानें। पुलिस साजिश रचले, जालसाजी अउरी अमानत में खयानत के केस दर्ज कइलें बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-