[the_ad_group id="30365"]

रुपाली कइली बुर्का पहिनले से इनकार त इकबाल रेत देहलस गला, तीन साल पहिले कइले रहे प्रेम विवाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बुर्का अउरी हिजाब के ले के कई देश में बढ़त बवाल के बीच मुंबई से हैरान करे वाला खबर आइल रहे। इकबाल महमूद शेख नामक शख्स  अपने पत्नी रुपाली के एहलिए गला रेतकर मार डरलस कि उ मुस्लिम रीति रिवाज नाइ मानत रहली अउरी बुर्का नाइ पहिनत रहली अउरी रुपाली इकबाल से अंतरधार्मिक वियाह कइले रहनें, लेकिन उ इकबाल के जोर जबर्दस्ती से तंग आ के तलाक मांगत रहली। तलाक के पहिलही आरोपी ओकर जघन्य हत्या कs डरलस।

पुलिस के अनुसार आरोपी इकबाल शेख सोमार रात पत्नी रूपाली के सरेराह चाकू से गोद डरलस। घटना मुंबई के चेंबूर इलाका में भइल। मुंबई पुलिस आरोपी इकबाल के गिरफ्तार कs लिहले बा।

तीन साल पहिले कइले रहली मुस्लिम युवक से शादी

बतावल गइल कि रूपाली इकबाल शेख से तीन साल पहिले प्रेम विवाह कइले रहली। एकरे बाद दूनों चेंबूर इलाका में स्थित इकबाल के घर में रहत रहनें। रूपाली चूंकि हिंदू रहली अउर शादी के बाद भी उ मुस्लिम रीति-रिवाज के पालन नाइ करत रहली, एहलिए इकबाल खुद अउरी ओकरे परिवारवाले ओसे खिसियाइल रहलें। इकबाल के परिजन रूपाली के बुर्का पहिनले खातिर दबाव डालत रहलें, लेकिन ऊ नाइ मानत रहली। एके ले के कलह होखे लागल रहे। एकरे बाद रुपाली अउरी इकबाल अलग रहे लागल रहलें । दंपती के एगो बेटा भी ह।

छह माह से अलग रहतहू भी दूनों के बीच फोन पर बातचीत होत रहे। हालांकि, इकबाल एह दौरान भी ओह पर मुस्लिम परंपरा के माने खातिर दबाव डालत रहे। रुपाली इकबाल के दूसरी पत्नी रहली। पहिला पत्नी के बच्चे नाइ होखले पर उ ओके तलाक दे दिहले रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]