Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बर्थडे पार्टी के नाम पs पटना में शराब के भइल पार्टी, दू लइकी के एगो लइका के संगे जाम छलकावत पुलिस पकड़लस

401

बिहार में करीब 6 साल से पूर्ण शराबबंदी बा। ई कानून बिहार में अप्रैल 2016 से लागू बा। जेके कड़ाई से पालन करावल जा रहल बा। कानून के उल्लंघन करे वाला पs पुलिस कार्रवाई भी कs रहल बा। लेकिन कुछ लोग अइसनो बा जे अपने आदत से बाज नाइ आवताने अउरी शराबबंदी के मजाक उड़ावत नजर आवताने।

ताजा मामला राजधानी पटना के शास्त्रीनगर थाना क्षेत्र के राजा बाजार इलाका से सोझे आइल बा। जहां बर्थडे पर शराब पार्टी कइल गइल। नशा में धुत लइका अउरी लइकी के मौका से गिरफ्तार कइल गइल। उनसे पूछताछ कइल जा रहल बा। मिलल जानकारी के अनुसार शास्त्रीनगर थाना क्षेत्र के राजा बाजार इलाका में काजल नाम के लइकी किराय के मकान में रहत रहे।

काजल अपने बर्थडे पर पार्टी रखले रहली जेमें उनकर दोस्त भी शामिल भइलें। पार्टी में शराब के भी इंतजाम ई लोग कइलस। बर्थडे केक कटला के बाद जाम छलकावल। तीनों लोग शराब पार्टी कइलस। तब्बे एह बात के भनक पुलिस के लग गइल। मौका पर जब पुलिस पहुंचल त देखलस कि दू लइकी अउरी एगो लइका शराब पीकर टल्ली रहलें।

पुलिस तीनों के मौका से गिरफ्तार कइलस अउरी थाना से ले के पहुंचल जहां तीनों से पूछताछ कइल जा रहल बा। तीनों के ब्रेथ एनेलाइजर मशीन से जांच भइल जेमें शराब पियले के पुष्टि भइल बा। फिलहाल पुलिस आगे के कार्रवाई में जुटल बा।

343690cookie-checkबर्थडे पार्टी के नाम पs पटना में शराब के भइल पार्टी, दू लइकी के एगो लइका के संगे जाम छलकावत पुलिस पकड़लस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.