[the_ad_group id="30365"]

आम आदमी पार्टी दिल्ली के विधायकन के तनखाह में 300 प्रतिशत के बढ़ोतरी कईलस, अब मिली एतना पईसा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के सत्ताधारी दल आम आदमी पार्टी सरकार राज्य के विधायकन के वेतन तीन गुना बढ़ावे के प्रस्ताव रखले बिया। जदि दिल्ली सरकार के प्रस्ताव के केंद्र के मंजूरी मिल गइल तs दिल्ली के विधायकन के वेतन 30 हजार से बढ़ के 90 हजार हो जाई। दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया ई जानकारी देले बाड़न।

विधायकन के 30 हजार रुपया के वेतन मिलत रहे

मनीष सिसोदिया (दिल्ली के डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया) कहले बाड़न कि दिल्ली विधानसभा में विधायक, मंत्री, सभापति आ विपक्षी नेता लोग के वेतन बढ़ावे वाला विधेयक पारित हो गइल बा। पिछिला 11 साल से दिल्ली के विधायकन के 12 हजार रुपिया के वेतन मिलत रहे, जवना के एक बेर बढ़ा के 30 हजार रुपया कइल गइल रहे।

अब तनखाह 90 हजार रुपिया हो जाई

दिल्ली के उपमुख्यमंत्री आगे कहले कि अब इ वेतन भत्ता समेत बढ़ा के 90 हजार रुपया कs दिहल गइल बा। ऊ कहले कि पिछिला 7 साल में ए बारे में बहुत बेर चर्चा भइल बा। एकरा पs केंद्र सरकार के कुछ आपत्ति रहे अवुरी कुछ सुझाव दिहलस। हमनी के सुझाव के स्वीकार कs के पास कs देले बानी जा। हमनी के उम्मीद बा कि केंद्र सरकार एकरा के पास करी।

सरकार में अइला का बाद विधायकन के वेतन बढ़ावल गइल

धेयान देवे वाला बात बा कि आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल सरकार बनावे से पहिले कहले रहले कि उनुकर पार्टी के नेता कवनो तनखाह अवुरी भत्ता ना लिहें, ना सरकारी गाड़ी आ रहे के व्यवस्था होई। बाकिर सरकार बनला के बाद उनुका मंत्रिमंडल के मंत्री बंगलो ले लिहले। गाड़ियों ले लिहल गइल। तनखाह आ भत्ता के बढ़ा दिहल गइल।

प्रधानमंत्री के दिहल गइल ई सलाह

जब तनखाह अवुरी भत्ता बढ़ावे के आलोचना भइल तs सीएम अरविंद केजरीवाल कहले कि देश के प्रधानमंत्रियों के आपन तनखाह बढ़ावे के चाही। अंतरराष्ट्रीय स्तर पs मंत्री अवुरी सांसद के जवन वेतन मिलेला, ओकरा मोताबिक भारतो में प्रधानमंत्री के अपना सांसद अवुरी मंत्री के वेतनमान तय करे के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]