महिला के सांप कटलस, इलाज खातिर सात किमी चलल पैदल

Share

एकरा के पहाड़ के महिला लो के हिम्मते कहल जा सकेला कि साँप काटला का बावजूद सल्ट के खदेरागांव के महिला सड़क ना रहला का चलते सात किलोमीटर पैदल चल के मुख्य सड़क पs चहुँप गइली। इहाँ से भी जब उनका के एम्बुलेंस ना मिलल तऽ इलाका के पंचायत सदस्य उनका के अपना गाड़ी से अस्पताल ले गइले।

सल्ट ब्लॉक के खदेरागांव अल्मोड़ा जिला के एगो सुदूर गाँव हऽ। एतवार के सांझ गांव के चमन सिंह के पत्नी शांति देवी (55 साल) घास काटे खातिर जंगल गइल रहली। उहाँ  उनका के साँप के काट लिहलस। चिल्लाहट के आवाज सुन के गांव के लोग ओकरा के जंगल से लेके आइल। बाद में सात किलोमीटर पैदल चलला के बाद महिला मुख्य सड़क प पहुंच गइली। परिवार के लोग आ गांव के लोगो 108 एम्बुलेंस के फोन कइले बाकिर एम्बुलेंस उपलब्ध ना रहे। इलाका पंचायत सदस्य विक्रम रावत अपना निजी वाहन से महिला के सीएचसी देवयाल ले गइले आ उहाँ उनकर इलाज करवेले। महिला के हालत अब इस्थिर हो गइल बा

सड़क खातिर निहोरा करत रह गइल लोग

लोग कई बेर खदेरागांव के सड़क मार्ग से जोड़े के मांग कइले बाड़े। कई बेर आंदोलन भइल बाकिर केहू ना सुनत रहे। सड़क के कमी के नतीजा एहिजा के लोग भोग रहल बाड़े। सड़क के अभाव में गांव के बहुत मरीज आ दुर्घटना पीड़ित के जान गंवा चुकल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-