[the_ad_group id="30365"]

रोहतास में दर्दनाक हादसा, सिपाही भर्ती के दउड़ लगा रहल 3 गो युवकन पऽ चढ़ल ट्रक 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रोहतास जिला के संझौली थाना क्षेत्र में एगो दुर्भाग्यपूर्ण घटना घटल बा, जहवाँ एगो असंतुलित ट्रक सिपाही भर्ती के जीडी बहाली के शारीरिक परीक्षा के तइयारी करत तीन गो नवहन के कुचल देलस। मौका पs दु युवक के मौत हो गइल आ एगो युवक गंभीर रूप से घायल हो गइल। पुलिस घटना के जानकारी मिलते मौका प पहुंच के कार्रवाई शुरू कऽ देलस।

मंगर के सबेरे रोहतास के संझौली स्थानीय थाना के आरा-सासाराम सड़क पs सोनी गांव के नजदीक एगो असंतुलित ट्रक सिपाही भर्ती के जीडी सिपाही बहाली शारीरिक परीक्षा में हाजिर होखे के अभ्यास करत तीन युवक के उपर चढ़ गइल।

जवना में से दु लोग के मौका प मौत हो गइल। एगो युवक गंभीर रूप से घायल हो गइल। मरेवाला में संझौली थाना क्षेत्र के सोनी गांव निवासी वकील सिंह के बेटा दीपक कुमार (22 साल) आ राजपुर थाना क्षेत्र के पकड़ी गांव निवासी जयराम सिंह के बेटा सत्येंद्र कुमार उर्फ बजरंगी (23 साल) शामिल बाड़े।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]