प्रयागराज में महाबोधि एक्सप्रेस पs बरसावल गइल पत्थर, कई गो यात्री के घायल होखे के खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2024

  उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में महाबोधी एक्सप्रेस पs अज्ञात लोग के पत्थरबाजी के खबर आईल बा। खबर के मुताबिक घटना के समय महाबोधी एक्सप्रेस नई दिल्ली से बिहार के गया जात रहे। जइसहीं पत्थरबाजी

Share

महाबोधी एक्सप्रेस: फोटो

 

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में महाबोधी एक्सप्रेस पs अज्ञात लोग के पत्थरबाजी के खबर आईल बा। खबर के मुताबिक घटना के समय महाबोधी एक्सप्रेस नई दिल्ली से बिहार के गया जात रहे। जइसहीं पत्थरबाजी भइल तs ट्रेन में दहशत मच गइल आ यात्री बोगी में इधर-उधर भागे लगले. बतावल जाता कि पथराव से बहुत यात्री भी घाही हो चुकल बाड़े। पत्थर चलावे के ई घटना सोमार के रात यमुना पुल के लगे भइल आ बोगी के निशाना बनावत कई गो पत्थर फेंकल गइल. खबर के मुताबिक आरपीएफ के जानकारी पs मिर्जापुर स्टेशन पs ट्रेन के रोक के घाही लोग के इलाज भइल आ अज्ञात लोग के खिलाफ मामला दर्ज करावल गईल।

बता दीं कि एहसे पहिले हालही में छत्तीसगढ़ के महासमुंद दुर्ग-विशाखापत्तनम वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के ‘ट्रायल रन’ के दौरान पत्थरबाजी के घटना भइल रहे. एकरा बाद रेलवे संरक्षण बल ट्रेन पs पथराव करे के आरोप में 5 लोग के गिरफ्तार कs लेलस।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.