Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आलिया भट्ट पे गिरल दुखन के पहाड़, एक्ट्रेस के करीबी दुनिया के कहले अलविदा

अभिनेत्री आलिया भट्ट आजु अपना सबसे प्रिय अजीज नाना के खो दिहली। उनकर अजीज नाना सोनी राजदान के पिता नरेंद्रनाथ राजदान के आजु निधन हो गइल।

242

 

अभिनेत्री आलिया भट्ट के अजीज नाना आ सोनी राजदान के पिता नरेंद्रनाथ रजदान के 95 साल के उमिर में निधन हो गइल. आलिया के अजीज नानाकई दिन से बेमार रहले, उहो अस्पताल में भर्ती रहले। आलिया ए पोस्ट के इंस्टाग्राम पे शेयर क के जानकारी देले बाड़ी। आलिया भी एह पोस्ट में एगो प्यारा वीडियो शेयर कईले बाड़ी, जवन काफी भावुक बा।

https://www.instagram.com/reel/Cs8ECa2A0fd/?utm_source=ig_web_copy_link&igshid=MmJiY2I4NDBkZg==

आलिया एगो भावुक पोस्ट कइली

आलिया के साझा वीडियो में उ अपना परिवार के संगे नाना के जन्मदिन मनावत देखाई देतारी। ई वीडियो उनकर 93वां जन्मदिन के ह। पोस्ट शेयर करत उ लिखले कि, ‘हमार नाना।’ 93 साल तक गोल्फ खेलले बानी। 93 तक काम कइले। अब तक के सबसे बढ़िया आमलेट बनले बाने। बढ़िया बढ़िया कहानी सुनवले। वायलिन बजावत रहले। पोती के साथे खेलत रहनी। उनुका क्रिकेट पसंद रहे। उनुका स्केचिंग बहुत पसंद रहे। पहिले अपना परिवार से प्यार करत रहले।

555780cookie-checkआलिया भट्ट पे गिरल दुखन के पहाड़, एक्ट्रेस के करीबी दुनिया के कहले अलविदा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.