[the_ad_group id="30365"]

चीन के जिगोंग शहर के शॉपिंग मॉल में लागल भीषण आग, 16 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

चीन के दक्षिण पश्चिम में स्थित ज़िगोंग शहर के एगो शॉपिंग मॉल में आग लागे के एगो भयानक घटना सोझा आईल बा। एह भारी आग में 16 लोग के मउत हो गइल. जबकि भारी संख्या में लोग जर के घाही हो चुकल बाड़े। चीन के सरकारी मीडिया ई जानकारी दिहलस. सरकारी समाचार एजेंसी शिन्हुआ के मुताबिक, बुध के सांझ के 6 बजे के बाद 14 मंजिला मॉल में आग लागे के जानकारी दमकलकर्मी अवुरी बचाव दल के मिलल, जवना के बाद बचावकर्मी मौका पs पहुंचले अवुरी 75 लोग के सुरक्षित निकालल गईले। बचाव के काम चल रहल बा।

फिलहाल इs नईखे पाता चलल कि आग कईसे लागल अवुरी घटना के समय मॉल में केतना लोग रहले। एह मॉल में ‘डिपार्टमेंटल स्टोर’, ऑफिस, रेस्टोरेंट आ थियेटर बा। सोशल मीडिया पs एs घटना के कुछ वीडियो सामने आईल बा, जवना में इमारत के निचला हिस्सा से खिड़की से धुआं उठत देखाई देता, जवना के बाद आग पूरा बिल्डिंग के घेर लेले। आग बुझावे खातिर दमकलकर्मी पानी के तोप छोड़ले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]