जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ जिला से एक बड़ घटना सामने आइल बा। इहां गांधारी पद्देर में आग लगले से 20 घर जल गइल। एहमें केहू के घाही होखले के खबर नाइ बा।
जानकारी के अनुसार, इलाला के चुग गांधारी गांव में 15 से 20 घर में अध रात के आग लग गइल। अभीन भी कुछ घर जल रहल बा, लेकिन केहू के हताहत होखले के खबर नाइ बा। उहवें फायर ब्रिगेड के कौनो गाड़ी मौका पर नाइ पहुंच सकी।
ओंने, सुक्क के सुबह घटना के बारे में जम्मू-कश्मीर के अधिकारियन के ओर से जानकारी दिहल गइल। अभीन ई पता नाइ चल पवलें बा कि आग कौन परिस्थितियों में लागल रहे।
Post Views: 8