Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND W vs NZ W: निर्णायक मैच में भारत के छव विकेट से जीत, सीरीज पs 2-1 से जमवलस कब्जा, मंधाना जड़ली शतक

59

भारतीय महिला टीम न्यूजीलैंड के तीसरका वनडे में छव विकेट से हराके 2-1 से सीरीज पs कब्जा जमा लेलस। निर्णायक मुकाबला में स्मृति मंधाना शतक लगवलें। ओहिजा, टीम के कप्तान हरमनप्रीत कौर 70 रन बनाके नाबाद रहलीं। बता दीं कि, अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल गइल एह मैच में टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल न्यूजीलैंड के टीम ब्रूक हैलीडे के 86 रन के पारी के बदौलत 49.5 ओवर में 232 रन बनवलें। जवाब में भारत 44.2 ओवर में चार विकेट पs 236 रन बनवलें आ तीसरका वनडे जीत लेलें। एकरा पहिले टीम इंडिया पहिला मुकाबला 59 रन से जीतले रहे आ जबकि मेहमान लोग दूसरका वनडे में भारत के 76 रन से मात देले रहे।

मंधाना के तूफानी प्रदर्शन

एह मुकाबला में स्मृति मंधाना के तूफान आइल। ऊ अपना वनडे करिअर के आठवां शतक जड़ली। यह दौरान ऊ यास्तिका भाटिया आ हरमनप्रीत कौर के भरपूर संगे मिलल। एह सीरीज के पहिला मैच में ऊ पांच रन बनवली आ दूसरका मुकाबला में खाता खोलले बिना पवेलियन लवटल रहली। हालांकि, तीसरका वनडे में ऊ सानदार प्रदर्शन कइली आ अपना पारी के दौरान 10 चौका लगवली।

लय में लवटली मंधाना

सुरुआती दु मुकाबलन में संघर्ष करे वाली भारतीय बल्लेबाजी के मंधाना के लय में लवटे के फायदा मिलल आ टीम न्यूजीलैंड के गेंदबाजन के हावी ना होखे दिहल। मंधाना यास्तिका भाटिया (49 गेना में 35 रन) के संगे दूसरका विकेट खातिर 76 रन के साझेदारी कs के मजबूत नींव रखलें आ फेर हरमनप्रीत के संगे शतकीय साझेदारी के संगे जीत पक्का कइलस। हरमनप्रीत 68 गेना के नाबाद पारी में आठ चौका जड़ली। न्यूजीलैंड खातिर हान्ना रो दु जबकि कप्तान सोफी डिवाइन आ फ्रान जोनास एक-एक विकेट चटकावल लो।

मंधाना के मिलल यास्तिका के साथ

लक्ष्य के पीछा करत शेफाली वर्मा सुरुआती दु ओवरन में दु चौका जड़ली बाकिर चौथा ओवर में हान्ना के गेना पs विकेट के पीछे लपकल गइली। ऊ 11 गेना में 12 रन बनवलें। स्मृति मंधाना आ यास्तिका भाटिया एकरा बाद मोर्चा संभरलस। मंधाना नउवा ओवर में डिवाइन आ दसवां ओवर में ईडन कार्सन के खिलाफ चौका जड़के रन के गति में कुछ सुधार कइली। यास्तिका कार्सन पs दुगो चौका लगाके आत्मविश्वास हासिल कइली। एह खतरनाक होत साझेदारी के डिवाइन यास्तिका के अपना गेना पs लपकके तुड़ली।

हरमनप्रीतो चमकली

मंधाना 24वां ओवर में जोनास के खिलाफ एक रन के संगे भारत के शतक के पूरा कइली आ फेर लिया ताहुहू के खिलाफ चौका जड़के 75 गेना में आपन पचासा पूरा कइली। ऊ एकरा बाद जोनास आ ताहुहू के गेना के बाउंड्री पार भेजके भारतीय रन गति के तेज कइली। दूसरका छोर से संभल के खेल रहल कप्तान हरमनप्रीत हान्ना के खिलाफ अपना पारी के पहिला चौका लगवला के बाद अगिला ओवर में कार्सन के खिलाफ एह कारनामा के दोहरवली।

हरमनप्रीत आ मंधाना सुनिश्चित कइल लो भारत के जीत

मंधाना आ हरमनप्रीत 34वां ओवर में जोनास के खिलाफ चौका लगावल लो जवना से मैच में पहिला बेर भारतीय टीम के रनगति पांच रन प्रति ओवर के ऊपर पहुंचल। दुनो 37वां ओवर में डिवाइन के खिलाफ आक्रामक तेवर दिखावत तीन चौका जड़ल लो। हरमनप्रीत हान्ना के खिलाफ एक रन के संगे वनडे करिअर के 18वां अर्धशतक पूरा कइली। मंधाना कार्सन के खिलाफ एक रन चुराके 121 गेना में आपन शतक पूरा कइलें। ऊ हालांकि अगिला ओवर में हान्ना के गेना पर बोल्ड हो गइली। भारतीय कप्तान 46वां ओवर में डिवाइन के गेना पs चौका के संगे टीम के जीत पs मुहर लगा दी।

हैलिडे के दमदार प्रदर्शन

ब्रूक हैलिडे के 86 रन के पारी न्यूजीलैंड के खराब सुरुआत से उबारत मंगलर के भारत के खिलाफ तीसरका आ निर्णायक एकदिवसीय मैच में 232 रन तक पहुंचा देली। हैलिडे 96 गेना के पारी में नव चौका आ तीन छक्का जड़लें। अनुभवी दीप्ति शर्मा तीन जबकि प्रिया मिश्रा दु विकेट लेली। भारतीय गेंदबाज पारी के सुरुआत से सटीक लाइन-लेंथ से न्यूजीलैंड के बल्लेबाजन के परेसानी में रखल लो।

नव रन बनाके सोफी आउट

जेमिमा रोड्रिग्स के शानदार थ्रो पs सूजी बेट्स के रन आउट होखला से भारत के पहिला सफलता मिलल। साइमा ठाकोर आठवां ओवर में लौरिन डाउन के एक रन पs पवेलियन के राह दिखवली। कप्तान हरमनप्रीत 11वां ओवर में गेना युवा लेग स्पिनर प्रिया मिश्रा के थमवली आ ई गेंदबाज सानदार लय में चल रहल न्यूजीलैंड के कप्तान सोफी डिवाइन (नव रन) के आउट कs के भारत के बड़ सफलता दिलवली।

इजाबेल निभवली हैलिडे के साथ

एक छोर से सतर्कता से खेल रहल सलामी बल्लेबाजी जॉर्जिया प्लाइमर के प्रिया दीप्ति के हाथन कैच करवली। ऊ 67 गेना में 39 रन बनवली। मैडी ग्रीन 15 गेना में 19 रन बनाके रन आउट भइली। जवना से न्यूजीलैंड 24 ओवर में 88 रन पs पांचवां विकेट गंवा देलस। हैलिडे के एकरा बाद विकेटकीपर इजाबेल गेज (49 गेना में 25 रन) के रूप में अच्छा जोड़ीदार मिलल आ दुनो छठा विकेट खातिर 64 रन जोड़के मैच में टीम के वापसी करावल लो। हैलिडे थकान हावी होखला के बावजूद कुछ बड़ शॉट लगवली। ऊ 46वां ओवर में दीप्ति के गेना पs राधा यादव के कैच दे बइठली। आखिरी ओवरन में लिहल ताहुहू 14 गेना में नाबाद 24 रन बनवली।

999980cookie-checkIND W vs NZ W: निर्णायक मैच में भारत के छव विकेट से जीत, सीरीज पs 2-1 से जमवलस कब्जा, मंधाना जड़ली शतक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.