BCCI सुरू कs सकत बा लीजेंड्स खिलाड़ियन के आपन लीग, पूर्व क्रिकेटर जय शाह के सामने रखल लो मांग

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 13, 2024

दुनियाभर में टी-20 के बढ़ती लोकप्रियता के भुनावे खातिर सुरू कइल गइल अलग-अलग लीजेंड्स लीग में अनियमिततन आ कइयन तरे के समस्यन के देखत भारतीय क्रिकेट बोर्ड (बीसीसीआई) आईपीएल के तर्ज पs लीजेंड्स खिलाड़ियन के

Share

BCCI may start legends league

दुनियाभर में टी-20 के बढ़ती लोकप्रियता के भुनावे खातिर सुरू कइल गइल अलग-अलग लीजेंड्स लीग में अनियमिततन आ कइयन तरे के समस्यन के देखत भारतीय क्रिकेट बोर्ड (बीसीसीआई) आईपीएल के तर्ज पs लीजेंड्स खिलाड़ियन के आपन लीग सुरू कs सकत बा।

एह समय दुनिया भर में कइयन लीजेंड्स खिलाड़ियन के लीग खेलल जा रहल बा, जेमे व‌र्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स, ग्लोबल लीजेंड्स लीग, लीजेंड्स लीग क्रिकेट प्रमुख बा। एह लीग में भारत के सचिन तेंदुलकर, युवराज सिंह, सुरेश रैना, हरभजन सिंह, अंबाती रायुडू सहित कइयन गो खिलाड़ी खेलेला लो।

पूर्व खिलाड़ी कइल लो मांग

एह लीगन में मुथैया मुरलीधरन, सनथ जयसूर्या, क्रिस गेल, कीरोन पोलार्ड, एबी डिविलियर्स जइसन कइयन गो पूर्व अंतरराष्ट्रीय क्रिकेटर खेलेला लो। बीसीसीआई अभी आईपीएल आ महिला प्रीमियर लीग (डब्ल्यूपीएल) आयोजित करेला। सूत्रन के अनुसार, हाले में भारत के कुछ पूर्व खिलाड़ी बीसीसीआई सचिव जय शाह से मुलाकात कइल लो उनका से लीजेंड्स लीग करावे के आग्रह कइल लो। पूर्व क्रिकेटर चाहत बा लो कि लीजेंड्स लीग के आयोजन आईपीएल के तरे कइल जावs।

शहरन पs आधारित फ्रेंचाइजी टीम होखs सs आ दुनियाभर के खिलाड़ियन खातिर बोली लगावल जावs। बीसीसीआई के ओर से एह प्रस्ताव पs संभावना तलाशे के आश्वासन दिहल गइल बा आ जदि सब कुछ सही रहत बा तs भारतो में दर्शकन के पूर्व दिग्गज खिलाड़ियन के बीच लीजेंड्स लीग के आनंद लेवे के मिल सकत बा।

बीसीसीआई कइलस पुष्टि

बीसीसीआई के एगो अधिकारी एकर पुष्टि करत कहलें कि, “हमनी के एह संदर्भ में पूर्व क्रिकेटरन के ओर से प्रस्ताव मिलल बा, जवना पs विचार कइल जा रहल बा। हालांकि, ई अभी प्रस्तावे के स्तर पs बा।” जब उनका से पूछल गइल कि का ई लीग एह साल हो सकत बा तs ऊ कहलस कि ना एतना जल्दी ई संभव नइखे। अगिला साल जरूर एह बारे में सोचल जा सकत बा। एमे ऊ खिलाड़ी खेली लो जे अपना देस से संन्यास ले चुकल बा लो आ आईपीएल में नइखे खेलत लो।

बीसीसीआई से जुड़ल एगो सूत्र कहलस कि जदि भारत में एह तरे के लीग सुरू होत बा तs एकर सीधा असर आउर लीगन पs पड़ी। अभी फिलहाल जेतना लीग हो रहल बा, ऊ कुछ निजी कंपनियन के ओर से अलग-अलग क्रिकेट बोर्ड के समर्थन से आयोजित कइल जा रहल बा। कवनो क्रिकेट बोर्ड लीजेंड्स लीग जइसन प्रतियोगिता के आयोजन सीधे तौर पs नइखे करत। एह साल जून में बर्मिंघम में भइल व‌र्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स के इंग्लैंड एंड वेल्स क्रिकेट बोर्ड (ईसीबी) के सहायता से आयोजित कइल गइल रहे।

होई बेहतर डेग

जदि बीसीसीआई जइसन सबसे धनी क्रिकेट बोर्ड खुद के लीजेंड्स लीग सुरू करत बा तs ई विश्व क्रिकेट में बड़ कदम होई। दुनियाभर के पूर्व क्रिकेटर अभियो भारत में खेलल चाहत बा लो। एह तरे के लीग जदि सुरू होत बा तs ई एगो बेहतर डेग होई आ आईपीएल के अधिकतर फ्रेंचाइजियो एमे टीम लिहें सs। जवना से ओह खिलाड़ियन के फेर से बेहतर मंच मिली जवन भारत सहित अपना बोर्डन के संगे आईपीएल में खेल चुकल बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.