Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Manipur Violence: मणिपुर में गंभीर भइल हालात, इंटरनेट सेवा के बाद ट्रेनो रद्द; चप्पा-चप्पा पs तैनात जवान

मणिपुर में दु समुदायन के बीच हिंसा बढ़ रहल बा। हालात ई बा कि राज्य में भड़कल हिंसा के बाद इस्थिति के सामान्य करे खातिर भारी संख्या में अर्धसैनिक बलन के तैनाती कइल गइल बा। ओहिजा मणिपुर जाये वाला सब ट्रेनन पs रोक लगा दिहल गइल बा।

663

मणिपुर के कइयन जिलन में जनजातीय समूहन द्वारा रैली निकालल गइल जवना के बाद मणिपुर में कइयन जगहन पs हिंसा देखे के मिलल। ओहिजा अब भारतीय सेना नागरिकन से खाली आधिकारिक आ सत्यापित स्रोतन के माध्यम से मिले वाला जानकारी पs भरोसा करे के आग्रह कइले बिया।

बता दीं कि मणिपुर में सुरक्षा इस्थिति के लेके कइयन फेक वीडियो प्रसारित भइल रहे जवना के बाद भारतीय सेना लोगने के आगाह कइले बिया।

फेक कंटेंट पs भरोसा ना करे लोग- भारतीय सेना 

SpearCorps.IndianArmy ट्वीट कइलें आ लिखलें कि असम राइफल्स पोस्ट पs हमला के वीडियो सहित मणिपुर में सुरक्षा इस्थिति पs नकली वीडियो के कुछ लोगन द्वारा अपना स्वार्थ खातिर प्रसारित कइल जा रहल बा। भारतीय सेना सभे से खाली आधिकारिक आ सत्यापित स्रोतन के माध्यम से मिले वाला जानकारी पs भरोसा करे के अनुरोध करत बिया।

मणिपुर जाये वाला सब ट्रेन रोकल गइल 

मणिपुर में कानून बेवस्था के इस्थिति के बाद, पूर्वोत्तर सीमांत रेलवे मणिपुर जाये वाला सब ट्रेनन के रोक दिहल गइल बा।

एनएफ रेलवे के सीपीआरओ सब्यसाची डे एएनआई से कहलें कि इस्थिति में सुधार होखे तक कवनो ट्रेन मणिपुर में प्रवेश नइखे करत। मणिपुर सरकार द्वारा ट्रेन के आवाजाही रोके के सलाह के बाद ई फैसला लिहल गइल बा।

राज्य में बंद भइल इंटरनेट सेवा

राज्य में लगातार बढ़ रहल हिंसा के देखते, मोबाइल डेटा के बाद अब मणिपुर में ब्रॉडबैंड सेवा निलंबित कs दिहल गइल बा। सरकार रिलायंस जियो फाइबर, एयरटेल एक्सट्रीम, BSNL आदि के हिंसा आ अफवाह ना फइले खातिर डेटा सेवा पs रोक लगावे के आदेस दे देले बिया।

मणिपुर राज्य में मवजूदा इस्थिति के कारण आ 5 दिनन खातिर इंटरनेट सेवा के निलंबन के आदेस दिहल गइल बा। MHA के शीर्ष अधिकारी लगातार राज्य के संपर्क में बा लो आ इस्थिति के बारीकी से निगरानी कर रहल बा लो।

असम CM दिहेें मणिपुर CM के समर्थन

असम के मुख्यमंत्री हेमंत बिस्व सरमा ने ट्वीट कs के कहलें कि मणिपुर में हाल के घटनन से प्रभावित कइयन परिवार असम में शरण लेले बा। हम कछार के जिला प्रशासन से एह परिवारन के देखभाल करे के अनुरोध कइलें बानी। हम सीएम एन बीरेन सिंह के संगे लगातार संपर्क में बानी आ एह संकट के घड़ी में असम सरकार के पूरा समर्थन देवे के वादा कइलें बानी।

लोगन के पहुंचावल गइल सुरक्षित जगह

मणिपुर में भड़कल हिंसा के लेकर सेना के प्रवक्ता बतवलें कि अभी तक हिंसाग्रस्त चूड़चंदपुर में करीब 5,000 लोगन के सुरक्षित घरन में पहुंचावल गइल बा, ओहिजा 2,000 लोगन के इंफाल घाटी आ 2,000 आउर लोगन के तेंगनौपाल जिला के सीमावर्ती शहर मोरेह में निकालल गइल बा।

सैन्य प्रवक्ता बतवलें कि सेना आ असम राइफल्स के बुध के रात बोलावल गइल रहे आ ऊ पुलिस के संगे मिलके सबेरे तक हिंसा पs नियंत्रण कs लेले बा। राज्य के एगो अधिकारी बतवलें कि गैर-आदिवासी बहुल इंफाल पश्चिम, काकचिंग, थौबल, जिरिबाम आ बिष्णुपुर जिलन आउर आदिवासी बहुल चूड़चंदपुर, कांगपोकपी आ तेंगनौपाल जिलन में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा।

मैती समुदाय के पक्ष में हाई कोर्ट देले रहे निरदेस

राज्य के आबादी में 53 प्रतिशत हिस्सा रखे वाला गैर-आदिवासी मैती समुदाय के एसटी दर्जे के मांग के खिलाफ चूड़चंदपुर जिला के तोरबंग इलाका में आल ट्राइबल स्टूडेंट यूनियन मणिपुर (एटीएसयूएम) द्वारा बोलावल गइल बा आ आदिवासी एकजुटता मार्च के दौरान बुध के हिंसा भड़क गइल रहे। राज्य में आदिवासियन के आबादी लगभग 40 प्रतिशत बा। मैती समुदाय के मांग के संबंध में पिछला महीना मणिपुर हाई कोर्ट राज्य सरकार के 4 हफ्ता के भीतर केंद्र सरकार के एगो सिफारिश भेजे खातिर कहले रहस। एकरा बादे एटीएसयूएम मार्च के आयोजन कइले रहे।

सशस्त्र भीड़ कइले रहे मैती समुदाय पs हमला

पुलिस के मोताबिक, तोरबंग क्षेत्र में मार्च के दौरान सशस्त्र लोगन के भीड़ कथित तौर पs मैती समुदाय के लोगन पs हमला कइले रहे। एकरा जवाब में घाटी के जिलन में जवाबी हमला भइल, जवना के कारण पूरा राज्य में हिंसा भड़क गइल।

तोरबंग में 3 घंटा से बेसी समय तक भइल हिंसा में कइयन गो दुकानन आ घरन में तोड़फोड़ के संगे आगजनियो कइल गइल। इंफाल घाटी के कइयन इलाकन में कुकी आदिवासियन के घरन में तोड़फोड़ कइल गइल, जवना से ओह लोगन के इलाका छोड़े पs मजबूर होखे के पड़ल। इंफाल पश्चिम में कुकी बहुल लांगोल क्षेत्र के 500 से अधिक निवासी आपन घर छोड़के चले गइल बा लो आ वर्तमान में लम्फेलपत में CRPF शिविर में रह रहल बा लो।

इंफाल घाटी में बीतल रात कुछ पूजा स्थलन के आग के हवाले कs दिहल गइल। कांगपोकपी जिला के मोतबंग इलाका में 20 से बेसी घर जरके खाक हो गइल। तेंगनौपाल जिला में म्यांमार सीमा के लगे मोरेह से हिंसा के सूचना बा। आदिवासी बहुल चूड़चंदपुर जिला के करीब 1,000 मैती लोग क्वाक्ता आ मोइरांग सहित बिष्णुपुर जिला अलग-अलग इलाकन में चल गइल बा।

मैती समुदाय के अवैध प्रवासियन से समस्या

घाटी के जनप्रतिनिधि पहिले कुछ मैती संगठनन के ST के दर्जा देवे के मांग के समर्थन कइले रहे जवना से ST के सूची में सामिल कुछ समुदाय नाराज हो गइल रहे। दरअसल, मैती समुदाय के कहनाम बा कि म्यांमार आ बांग्लादेश से बड़े पैमाना पs अवैध प्रवासियन के आवे से ओह लोगन के समस्या हो रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

536820cookie-checkManipur Violence: मणिपुर में गंभीर भइल हालात, इंटरनेट सेवा के बाद ट्रेनो रद्द; चप्पा-चप्पा पs तैनात जवान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.