Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Game Changer: राम चरण के फिल्म ‘गेम चेंजर’ के नया पोस्टर जारी

65

राम चरण के फिल्म ‘गेम चेंजर’ के एगो नया पोस्टर जारी भइल बा जवना में अभिनेता के बॉस लुक में देखल जा रहल बा। एकरा संगे-संगे फिल्म के टीजर पऽ अपडेट आइल बा।

साउथ के सुपरस्टार राम चरण के आवे वाली फिलिम ‘गेम चेंजर’ एह साल के सबले प्रतीक्षित फिलिमन में से एगो हऽ।फिल्म के बारे में नया जानकारी लगातार सामने आ रहल बा। एह बहुप्रतीक्षित फिलिम खातिर अभिनेता निर्देशक एस शंकर के साथे हाथ मिला लिहले बाड़न। एह फिलिम में राम चरण आ कियारा आडवाणी के एक संगे बड़का परदा पर देखे के दर्शक बेसब्री से इंतजार करत बाड़े। हालही में एह फिलिम के नया रिलीज डेट के एलान भइल। अब निर्माता फिल्म के एगो नया पोस्टर जारी कइले बाड़न।

फिल्म के नया पोस्टर 

राम चरण अभिनीत आ शंकर के निर्देशन में बनल ई बहुप्रतीक्षित फिलिम गेम चेंजर 10 जनवरी 2025 के रिलीज होखी। आवे वाली फिलिम के प्रचार खातिर मेकर एतवार का दिने चरण के एगो नया पोस्टर जारी कइले बाड़न जवना में चरण के ड्यूटी पऽ देखावल गइल बा, संभवतः आईएएस के रूप में, जबकि भीड़ जानलेवा हथियार ले के उनका ओर दौड़त बिया।

फिल्म के टीजर बा

गेम चेंजर के निर्माण 2021 के अंत से चल रहल बा आ कई बेर टाल दिहला के बाद आखिरकार ई फिलिम 10 जनवरी 2025 के, संक्रांति महोत्सव के दौरान, कई भाषा में, बड़ परदा पर आवे के पुष्टि भइल। एकर निर्माण श्री वेंकटेश्वर क्रिएशंस के बैनर तले दिल राजू कइले बाड़न। ओने तेलुगु मीडिया के ताजा खबर के मुताबिक गेम चेंजर के बहुप्रतीक्षित टीजर 31 अक्टूबर चाहे 1 नवंबर के दिवाली के मौका पऽ रिलीज होई अउरी एकर घोषणा 27 अक्टूबर के होखे के उम्मेद बा।

फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन के बारे में

खबर के मुताबिक, निर्देशक शंकर हाल ही में फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरू कइले बाड़े, अब उऽ कुछ सीन से खुश नइखन। दावा कइल गइल बा कि फिल्म निर्माता अब एह फिलिम के कुछ हिस्सा के फेर से शूटिंग करे के तइयारी में लागल बाड़े जवन संक्षिप्त कार्यक्रम में पूरा हो जाई। एही कारण से एह फिलिम के रिलीज डेट टार दिहल गइल बा। एकरा से पहिले ई फिलिम 20 दिसंबर 2024 के रिलीज होखे खातिर तइयार रहे।

997330cookie-checkGame Changer: राम चरण के फिल्म ‘गेम चेंजर’ के नया पोस्टर जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.