Mr and Mrs Mahi Box Office Day 4: क्रिकेट के मैदान में सोमार के लड़खड़ा गइली जाह्नवी कपूर, हाथे आइल बस अतना करोड़

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 4, 2024

जाह्नवी कपूर आ राजकुमार राव स्टारर मिस्टर एंड मिसेज माही एगो स्पोर्ट्स आ रोमांस ड्रामा बा। फिल्म रिलीज के बाद से चर्चा में बनल बिया। मई के सबसे बड़ ओपनर रहल मिस्टर एंड मिसेज माही

Share

जाह्नवी कपूर आ राजकुमार राव स्टारर मिस्टर एंड मिसेज माही एगो स्पोर्ट्स आ रोमांस ड्रामा बा। फिल्म रिलीज के बाद से चर्चा में बनल बिया। मई के सबसे बड़ ओपनर रहल मिस्टर एंड मिसेज माही के वीकेंड तऽ शानदार रहल बाकिर फिल्म मंडे टेस्ट में पास भइल कि फेल जानीं एह बारे में।

Mr and Mrs Mahi Day 4 Box Office Collection: ‘रूही’ के बाद शरण शर्मा के निर्देशन में बनल फिल्म ‘मिस्टर एंड मिसेज माही’ में एक बार फेर राजकुमार राव आ जाह्नवी कपूर के जोड़ी देखे के मिलल, जवन दर्शकन के दिल पs छा गइल। स्पोर्ट्स ड्रामा रिलीज के बाद से बॉक्स ऑफिस पs राज कर रहल बिया।

31 मई के सिनेमाघरन में रिलीज भइल। ई फिल्म मई महीना के सबसे बड़ ओपनर रहल। मई महीना में रिलीज भइल ‘श्रीकांत’ आ ‘भैया जी’ के अतना क्रेज ना देखल, जतना जाह्नवी आ राजकुमार के फिल्म के लेकर रहल।

फिल्म के बॉक्स ऑफिस पऽ हाल

करण जौहर निर्मित फिल्म ‘मिस्टर एंड मिसेज माही’ वीकेंड पs धुआंधार कमाई कइलस। तीन दिन के भीतर मूवी 15 करोड़ के पार कारोबार कऽ लेलस। बाकिर मंडे टेस्ट में फिल्म के हाल बेहाल हो गइल। फिल्म सोमार के ठीक-ठाक कमाई कइले बिया।

सैकनिल्क के अर्ली ट्रेड के मोताबिक, जाह्नवी आ राजकुमार स्टारर फिल्म फर्स्ट वीकडे यानी सोमार के 2.15 करोड़ के कारोबार कइलस। तीन दिन के मोकाबला में फिल्म सबसे कम कारोबार कइले बा। हालांकि, सही आंकड़ा एकरा से बेसी बा कम भी हो सकऽता।

पहिला दिन 6.85 करोड़

दूसरका दिन 4.65 करोड़

तीसरका दिन 5.62 करोड़

चौथा दिन 2.15 करोड़ (शुरुआती)

लाइफटाइम कलेक्शन 19.27 करोड़

मिस्टर एंड मिसेज माही के स्टोरी

फिल्म के कहानी महेंद्र (राजकुमार राव) के बा, जेकर सांस क्रिकेट में बसेला। उऽ क्रिकेट के एह कदर दीवाना बाड़े कि उऽ अपना पत्नी महिमा (जाह्नवी कपूर) के क्रिकेटर बनावे की ठान लेवेले। हालांकि, उनकर ई फैसला कब उनका पs भारी पड़ जाता ई उनको ना पता होखेला। धर्मा प्रोडक्शन के बैनर तले बनल फिल्म के निर्देशन शरण शर्मा कइले बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.